भाजपा सांसद प्रताप चंद्र सारंगी राहुल गांधी पs उनुका के धक्का देवे के आरोप लगवले बाड़े। उs कहले कि धक्का के बाद हम गिर गईनी। एकरा चलते चोट पहुंचल। सारंगी कहले कि हम सीढ़ी के लगे खड़ा रहनी कि राहुल गांधी आके एगो सांसद के धक्का देले, जेकरा बाद उs हमरा पs गिर गईले।
प्रताप चंद्र सारंगी लगइले गंभीर आरोप
प्रताप चंद्र सारंगी कहले कि हम सीढ़ी पs खड़ा रहनी, जवना के दौरान राहुल गांधी एगो सांसद के धक्का देले। जवना के चलते उs हमरा पs गिर गईले। सारंगी के जवन वीडियो सामने आइल बा ओहमें उनुका माथा पs चोट के निशान लउकत बा आ माथा से खून बहत लउकत बा.
#WATCH | Delhi | BJP MP Pratap Chandra Sarangi says, "Rahul Gandhi pushed an MP who fell on me after which I fell down…I was standing near the stairs when Rahul Gandhi came and pushed an MP who then fell on me…" pic.twitter.com/xhn2XOvYt4
— ANI (@ANI) December 19, 2024
राहुल गांधी आरोपी के जवाब देले
खुद पs लागल आरोप पs लोकसभा के नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी कहले कि जब हम सदन में जात रहनी तs भाजपा के सांसद हमनी के रोकत रहले। उs कहले कि सदन में जाए के हमार हक बा बाकिर भाजपा के सांसद हमनी के भीतर जाए से रोकत रहले। लोकसभा में विपक्ष के नेता अवुरी राहुल गांधी कहले कि जब हम संसद के प्रवेश द्वार में घुसे के कोशिश करत रहनी तs भाजपा के सांसद हमरा के रोके के कोशिश करत रहले। उs लोग हमरा के धमकी देत रहले, तs इहे भईल। इs संसद के प्रवेश द्वार हs आ हमनी के भीतर जाए के अधिकार बा।
#WATCH | Lok Sabha LoP Rahul Gandhi says, "This might be on your camera. I was trying to go inside through the Parliament entrance, BJP MPs were trying to stop me, push me and threaten me. So this happened…Yes, this has happened (Mallikarjun Kharge being pushed). But we do not… https://t.co/q1RSr2BWqu pic.twitter.com/ZKDWbIY6D6
— ANI (@ANI) December 19, 2024
राहुल गांधी कहले कि मुख्य मुद्दा इ बा कि भाजपा के लोग संविधान पs हमला करतारे। अम्बेडकर के अपमान करत बाडे। राहुल गांधी कहले कि उनुका से धक्का-मुक्की भी भईल बा। बाकिर एकरा से कवनो फर्क नइखे पड़त. ई सब होत रहेला।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बढ़ी लइकन के लंबाई, चिंता होई दूर.. बस कराईं इs तीन गो Yoga