राहुल गांधी के खिलाफ FIR, दिल्ली पुलिस ने क्राइम ब्रांच के सौंपलस जांच

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2024

संसद के शीतकालीन सत्र के आजु आखिरी दिन हs. आज भी हंगामा के संभावना बा।  एही बीच बियफ़ें के भईल झगड़ा के बाद लोकसभा के नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज भईल बा

Share

राहुल गांधी

संसद के शीतकालीन सत्र के आजु आखिरी दिन हs. आज भी हंगामा के संभावना बा।  एही बीच बियफ़ें के भईल झगड़ा के बाद लोकसभा के नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज भईल बा अवुरी भाजपा के दु सांसद घाही हो गईले।  दिल्ली के संसाद मार्ग थाना में दर्ज प्राथमिकी में राहुल गांधी पs धमकावे के संगे आपराधिक अपराध के धारा लगावल गईल बा। 

क्राइम ब्रांच राहुल गांधी से पूछताछ कs सकेले

एही बीच दिल्ली पुलिस जांच के काम क्राइम ब्रांच के सौंप देले बिया।  एकरा अलावे लोकसभा अध्यक्ष के भी राहुल गांधी के खिलाफ दर्ज प्राथमिकी के बारे में जानकारी दिहल गईल बा। क्राइम ब्रांच अब लोकसभा सचिवालय से सीसीटीवी फुटेज खातिर बात करी।  एकरा बाद जांच के आगे बढ़ावल जाई।  क्राइम ब्रांच एs मामला में राहुल गांधी से पूछताछ कs सकता। 
एह धारा के तहत दर्ज केस
भाजपा के शिकायत के बावजूद राहुल गांधी के खिलाफ हत्या के प्रयास के आरोप लगावत धारा के तहत मामला दर्ज नईखे भईल, बाकिर दिल्ली पुलिस उनुका पs बीएनएस के धारा 115 यानी स्वेच्छा से चोट पहुंचावल, धारा 117 यानी स्वेच्छा से गंभीर चोट पहुंचावल, धारा 125 यानी चोट पहुंचावल के तहत मुकदमा दर्ज करवले बिया. एs मामला में राहुल गांधी से पूछताछ खातीर बोलावल जा सकता।


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.