उत्तराखंड के केदारनाथ से भाजपा विधायक शैला रानी रावत के मंगल के देर रात निधन हो गईल। उनुकर उमिर 68 साल रहे। देहरादून के मैक्स अस्पताल में शैला रानी रावत आखिरी सांस लिहली। पारिवारिक सूत्र इs जानकारी देले। पिछला कुछ दिन से रावत अस्पताल में वेंटिलेटर पs रहली। रीढ़ के हड्डी में चोट लगला के बाद उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। परिवार के मुताबिक बियफ़ें के सबेरे 11:00 बजे गुप्तकाशी के त्रिवेणी घाट पs उनुकर अंतिम संस्कार होई।
सीएम धामी जतवले दुख
मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी शैला रानी रावत के निधन पs दुख जतवले बाड़न. उs लिखले कि, “केदारनाथ विधानसभा से लोकप्रिय विधायक श्रीमती शैला रानी रावत के निधन के बेहद दर्दनाक खबर मिलल। उनुकर निधन पार्टी अवुरी इलाका के जनता खातीर अपूरणीय क्षति बा। उनुकर कर्तव्य के प्रति समर्पण अवुरी जनता के प्रति समर्पण। सेवा हमेशा याद कइल जाई। भगवान शक्ति देस।” ॐ शांति!
2012 में विधायक चुनल गइली
भाजपा विधायक रावत कुछ समय पहिले गिर गईल रहली, तब से उs लगातार बेमार रहली। एह साल भइल लोकसभा चुनाव में ऊ पौड़ी से सांसद चुनल अनिल बलुनी के प्रचार में सक्रिय रहली. उनुकर राजनीतिक सफर कांग्रेस से शुरू भईल। शैला रानी रावत 2012 में कांग्रेस के टिकट पs केदारनाथ सीट से चुनाव जीत के पहिला बेर उत्तराखंड विधानसभा में जगह बना लेले रहली। हालांकि 2017 में रावत चुनाव हार गईल रहली।
एकरा बाद 2022 में एक बेर फेरु से भाजपा के टिकट पs केदारनाथ से विधायक चुनल गईली। 2016 में पूर्व मुख्यमंत्री हरीश रावत के खिलाफ विद्रोह कs भाजपा में शामिल होखे वाली कांग्रेस के 10 विधायक में रावत शामिल रहली।