[the_ad_group id="30365"]

एके परिवार के दुगो सैनिक बेटा दु महीना में हो गइले देश खातीर शहीद, जानीं पूरा मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हालही में जम्मू-कश्मीर के कठुआ में आतंकी सेना के गाड़ी पs घात लगा के हमला कs दिहले. एह हमला में भारतीय सेना के 5 जवान शहीद हो गईले अउरी लगभग ओतने संख्या में घायल हो गईले| आईं बता दीं कि जे 5 जवान शहीद सब उत्तराखंड के हवें। जहां राज्य के एs शहादत पs गर्व बा, उहें जवान के परिवार में शोक मचल बा। बता दीं कि एहिजा एगो अइसन परिवार बा जेकर दू गो बेटा दू महीना के अंतराल में देश खातिर शहीद हो गइल बा.

एके परिवार के दू गो बेटा शहीद हो गइले

दरअसल उत्तराखंड के टिहरी में स्थित डागर गांव के एगो परिवार के दू गो बेटा दू महीना के अंतराल में देश खातिर शहीद हो गइल बाड़े. एहमें से एगो बेटा आदर्श नेगी के पिछला सोमार के दिने जम्मू कश्मीर के कठुआ में निधन हो गइल जबकि दोसरका बेटा आ आदर्श के चचेरा भाई मेजर प्रणय नेगी पिछला अप्रैल में लेह में बेमारी से लड़त घरी शहीद हो गइल रहले. दुनो बेटा के जाए से परिवार के बहुत दुख बा।

बियाह के बात होखत रहे

कठुआ में शहीद भइल जवान आदर्श नेगी साल 2018 में गढ़वाल राइफल्स में शामिल हो गइल रहले. उनकर बाबूजी किसान रहले। जानकारी के मुताबिक आदर्श के माता-पिता बियाह खातीर बातचीत में रहले। बाकिर परिवार अबे एक बेटा के शहादत से उबरल रहे कि दूसरा बेटा भी शहीद हो गईल। स्थानीय विधायक, राज्य के सीएम पुष्कर धामी शहीद के पिता अवुरी परिवार के दिलासा देले बाड़े।

सीएम धामी श्रद्धांजलि दिहले

मंगल के सांझ के पांच शहीद के नश्वर शरीर सैन्य विमान से देहरादून हवाई अड्डा पहुंचल। राज्य के सीएम पुष्कर सिंह धामी शहीदन के श्रद्धांजलि दिहले। सीएम धामी कहले कि सभे देशवासी राष्ट्र के रक्षा करत हमनी के अमर शहीद के हमेशा अपना याद में जिंदा राखीहे। रउआ सैन्य भूमि उत्तराखंड के गौरव हईं आ हमनी के सब राज्य के जनता के रउआ पs गर्व बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]