गोरखपुर। योगी आदित्यनाथ सोमार के भारतीय जनता पार्टी के स्थापना दिवस पs गोरखनाथ मंदिर परिसर में इस्थित हिंदू सेवाश्रम भवन के छत पs पार्टी के झंडा फहरवलें। एह मवका पs ऊ पार्टी पदाधिकारियन के संगे झंडा के सामने सेल्फी लेलें आ सब केहू के के स्थापना दिवस के बधाई देलें।
“ई सत्ता ना, संस्कार के यात्रा बा”
सीएम योगी कार्यकर्ता लोगन के सुभकामना देत सोशल मीडिया पs कहलें कि भाजपा के विकास यात्रा सत्ता खातिर ना, बलुक संस्कार खातिर बा। ऊ कहलें कि ई विस्तार ना, विचार के यात्रा हs आ “अंत्योदय से राष्ट्रोदय” के संकल्प के साकार करे के प्रयास बा।
कइयन गो नेता आ कार्यकर्ता रहल लोग मवजूद
एह कार्यक्रम में सांसद रवि किशन, महापौर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव, प्रदेश उपाध्यक्ष डॉ. धर्मेंद्र सिंह, विधायक विपिन सिंह, प्रदीप शुक्ल सहित कइयन गो नेता आ कार्यकर्ता मवजूद रहे लोग।
सोशल मीडिया पs देलें खास सनेस
सीएम योगी X (पहिले ट्विटर) पs पोस्ट करत कहलें कि भाजपा दुनिया के सबसे बड़ राजनीतिक दल हs। ऊ कहलें कि ई खाली राजनीतिक संगठन ना, बलुक पंडित दीनदयाल उपाध्याय, श्यामा प्रसाद मुखर्जी आ अटल बिहारी वाजपेयी जइसन महान नेता लोगन के विचार आ आदर्श से बनल एगो जीवंत परंपरा हs।
“राष्ट्र प्रथम” के भावना से प्रेरित
ऊ आगे कहलें कि “राष्ट्र प्रथम” के भावना से प्रेरित ई परिवार आज एगो विशाल वटवृक्ष बन चुकल बा, जवन सेवा, संस्कार आ समर्पण के भावना से 145 करोड़ देशवासियन के उम्मीदन के मजबूत करत बा।
सीएम योगी दोहरवलें कि भाजपा के विकास यात्रा सत्ता के लालच ना, बलुक संस्कार, विचार आ राष्ट्र सेवा के संकल्प से जुड़ल बा।








