Bypoll Result: उपचुनाव में भाजपा के जीत से जश्न में डूबल लो कार्यकर्ता, बोलल लो- 2024 में दर्ज कइल जाई बड़ जीत

Share

यूपी के लखीमपुर खीरी की गोला गोकर्णनाथ विधानसभा सीट प भाजपा प्रत्याशी अमन गिरी बड़ जीत दर्ज कइलें बाड़ें। ऊ 34 हजार से बेसी वोटन से सपा प्रत्याशी के मात देले बाड़ें।

एही तरे बिहार के गोपालगंज, ओडिशा के धामनगर, हरियाणा के आदमपुर विधानसभा सीट प भाजपा जीत के परचम लहरवे बिया।

लखनऊ स्थित भाजपा कार्यालय प कार्यकर्ता लोग पटाखा फोड़त जश्न मनावल। कार्यकर्ता लोग कहलस कि जनता के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प भरोसा कायम बा। यूपी सहित आउर राजयन में विधानसभा उपचुनाव में जीत ई देखावत बा कि 2024 के लोकसभा चुनाव में पार्टी बड़ जीत दर्ज क के लगातार तीसरा बेर केंद्र के सत्ता में वापसी करी।

आगे देखीं जश्न के तस्वीरन के…

कार्यकर्ता लोगन के कहनाम बा कि ई चुनाव परिणाम से एक बेर ई फेर से स्पष्ट हो गइल कि अब भविष्य भाजपा के बा।

गोला गोकर्णनाथ सीट से सपा के प्रत्याशी रहल विनय तिवारी कहलें  कि ई चुनाव जनता ना लड़त रहे बलुक भाजपा के सरकार लड़ रहल बिया।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि उपचुनाव में जीत भाजपा के कार्यकर्ता लोगन के जीत ह।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जनता के आभार जतवलें। ऊ कहलें कि ई शानदार जीत डबल इंजन के भाजपा सरकार के लोक-कल्याणकारी नीतियन के प्रति अटूट जन-विश्वास के प्रतीक ह। यूपी में दिसंबर में संभावित निकाय चुनाव से पहिले भाजपा के उपचुनाव में जीत कार्यकर्ता लोगन के उत्साह से भर देले बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-