Forex Reserve Data: भारत का विदेशी मुद्रा भंडार बढ़ा, 8 दिसंबर तक 2 बिलियन अमेरिकी डॉलर की हुई बढ़त आठ

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2023

आरबीआई हर हफ्ता विदेशी मुद्रा भंडार के आंकड़ा जारी करेला। भारतीय रिजर्व बैंक आठ दिसंबर 2023 के खत्म हफ्ता में भारत के विदेशी मुद्रा भंडार 2.816 बिलियन अमेरिकी डॉलर बढ़के 606.859 बिलियन अमेरिकी डॉलर हो

Share

आरबीआई हर हफ्ता विदेशी मुद्रा भंडार के आंकड़ा जारी करेला। भारतीय रिजर्व बैंक आठ दिसंबर 2023 के खत्म हफ्ता में भारत के विदेशी मुद्रा भंडार 2.816 बिलियन अमेरिकी डॉलर बढ़के 606.859 बिलियन अमेरिकी डॉलर हो गइल। ओहिजा, पिछला रिपोर्टिंग सप्ताह में, कुल भंडार 6.107 बिलियन अमेरिकी डॉलर बढ़के 604.042 बिलियन अमेरिकी डॉलर हो गइल बा।

रउआ बता दीं कि अक्टूबर 2021 में देस के बिदेसी मुद्रा भंडार 645 बिलियन अमेरिकी डॉलर के सर्वकालिक उच्च स्तर पs पहुंच गइल रहे। पिछला साल से वैश्विक विकास के कारण दबाव के बीच केंद्रीय बैंक रुपिया के रक्षा खातिर पूंजी भंडार के तैनात कs दिहल। एकर असर बिदेसी भंडार पs देखे के मिलल बा।

आरबीआई कावर से जारी आकड़न के मोताबिक आठ दिसंबर के समाप्त सप्ताह खातिर बिदेसी मुद्रा संपत्ति 3.089 बिलियन अमेरिकी डॉलर बढ़के 536.699 बिलियन अमेरिकी डॉलर हो गइल बा। बिदेसी मुद्रा परिसंपत्तियन में बिदेसी मुद्रा भंडार में रखल गइल यूरो, पाउंड आ येन जइसन गैर-अमेरिकी इकाइयन के सराहना सामिल होत बा।

सोना के भंडार में गिरावट

आरबीआई कहलस कि एह हफ्ता के दौरान सोना के भंडार 199 मिलियन अमेरिकी डॉलर घटके 47.13 बिलियन अमेरिकी डॉलर रह गइल। भारतीय रिजर्व बैंक के विशेष आहरण अधिकार 63 मिलियन अमेरिकी डॉलर घटके 18.188 बिलियन अमेरिकी डॉलर हो गइल। आरबीआई के आंकड़न से पता चलत बा कि समीक्षाधीन सप्ताह में आईएमएफ के संगे भारत के आरक्षित इस्थिति 11 मिलियन अमेरिकी डॉलर घटके 4.842 बिलियन अमेरिकी डॉलर हो गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.