Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर से 29 मई के पहिल उड़ान भरी अकासा एयर: दिल्ली आ बेंगलुरु खातिर सुरू होई नया फ्लाइट

244

गोरखपुर एयरपोर्ट से जम्मू, गोवा आ हैदराबाद खातिर जल्दिये नया उड़ान के सौगात मिले वाला बा। एकरा खातिर अकासा एयरलाइन्स एयरपोर्ट अथारिटी के प्रस्ताव देके सहमति मंगले बिया। ओहिजा, 29 मई से एयरलाइन्स गोरखपुर से दिल्ली आ बेंगलुरु के टिकटन के बुकिंग सुरू कs देले बिया। सब कुछ ठीक रहल तs 29 मई से जम्मू, गोवा आ हैदराबाद के उड़ानो सुरू हो जाई। एसे हवाई यात्रा करे वालन पैसेंजर्स के बेहतर विकल्प मिली।

अबतक जारी शेड्यूल के मोताबिक अकासा एयर दिल्ली आ बेंगलुरु खातिर 29 मई से हवाई सेवा सुरू कs रहल बा। गोरखपुर से विमान 2:45 बजे उड़ान भरी आ चार बजे दिल्ली एयरपोर्ट पs उतरी। एही तरे दिल्ली से ई विमान सांझ के 4:55 बजे उड़ान भरके गोरखपुर एयरपोर्ट पs 6:45 बजे उतरी। एही तरे दूसरका विमान बंगलूरू से सबेरे 11:15 बजे उड़ान भरके 2:05 बजे गोरखपुर एयरपोर्ट पs उतरी। ओहिजा विमान सांझ 7:20 बजे गोरखपुर से उड़ान भरके रात 9:55 बजे बंगलूरू एयरपोर्ट पs पहुंची।

वाराणसी आ अयोध्या से दिल्ली के किराया कम

वाराणसी आ अयोध्या से हवाई टिकट सस्ता बा। एह समय वाराणसी से दिल्ली जाये खातिर 3900-4000 रुपिया में टिकटन के बुकिंग हो रहल बा। एही तरे अयोध्या से दिल्ली जाये खातिर मात्र 3200 रुपिया में टिकट बुक हो रहल बा।

अभी सस्ता बा टिकट

नया एयरलाइन्स अकासा के टिकट अभी आउर एयर लाइन  से सस्ता बा। गोरखपुर से बंगलूरू जाये खातिर टिकट 8100 रुपिया में बुक हो रहल बा। जबकि इंडिगो एयर लाइन के टिकट नौ हजार से जादे के बा। एही तरे गोरखपुर से दिल्ली जाये खातिर 5100 में टिकट बुक हो रहल बा। ओहिजा, आउर एयर लाइन के टिकट छव हजार में बुक हो रहल बा।

806470cookie-checkगोरखपुर से 29 मई के पहिल उड़ान भरी अकासा एयर: दिल्ली आ बेंगलुरु खातिर सुरू होई नया फ्लाइट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.