तुझसे नाराज नहीं जिंदगी’ गावे वाला अनूप घोषाल के भइल निधन, 77 साल के उमिर में सिंगर लिहले अंतिम सांस

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2023

हाल ही में हिंदी सिनेमा से एगो बहुत दुखद खबर सामने आइल बा। बतावल जाता कि बंगाली फिल्म इंडस्ट्री के मशहूर गायक अनूप घोषाल के निधन हो गईल बा। 77 साल के उमिर में अनुप

Share

हाल ही में हिंदी सिनेमा से एगो बहुत दुखद खबर सामने आइल बा। बतावल जाता कि बंगाली फिल्म इंडस्ट्री के मशहूर गायक अनूप घोषाल के निधन हो गईल बा। 77 साल के उमिर में अनुप एह दुनिया से अलविदा कह चुकल बाड़े। बतावल जाता कि अनूप घोशाल बहुत दिन से स्वास्थ्य से जुड़ल समस्या से ग्रस्त रहले, ओकरा बाद उनुका के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। लेकिन दुर्भाग्य से इलाज के दौरान गायक शुक्रवार के दुपहरिया 1.40 बजे दुनिया के अलविदा कs देले। गायक के निधन के चलते इंडस्ट्री में शोक के लहर बा।

अनूप घोषाल के कैरियर

बता दीं कि अनूप घोषाल बॉलीवुड के जानल मानल गायक रहले। अनूप घोषाल के हिंदी में सबसे लोकप्रिय गीत रहल बा ‘तुझसे नाराज नहीं जिंदगी’। ई बॉलीवुड के सदाबहार गीतन में से एगो हs। एकरा अलावे उs इंडस्ट्री में कई गो गीत गवले बाड़े। अनूप कोलकाता के रहले। बॉलीवुड के अलावे उ बंगला अवुरी भोजपुरी गीत भी गवले बाड़े। गायन के अलावे अनुप राजनीति में भी बहुत सक्रिय रहल बाड़े अवुरी 2011 में कांग्रेस के जीत के ओर ले गईले, हालांकि एकरा बाद उs कबो चुनाव में भाग ना ​​लेले।

माई से गायन सीखले रहले

अनुप के जनम 1945 में भइल रहे। गावे के उs अपने माई से सीखले रहले । एकरा बाद उs शास्त्रीय संगीत सीखे खातिर पंडित सुखेंदू गोस्वामी के लगे गईले। शास्त्रीय संगीत में एमए कइले रहले आ एहमें टॉपर भी रहले। अनूप सत्यजीत रे के साथे बहुत काम कइले बाड़न। निर्देशक तपन सिन्हा ‘सगीना महातो’ (1971) फिलिम में अनूप घोषाल के आवाज लिहले रहले। ‘फुलैश्वरी’, ‘Marjina Abdalla’ आ ‘Chhadmabeshi’ जइसन गीत भी गवले बाड़े।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.