[the_ad_group id="30365"]

Mukesh Ambani: मुकेश अंबानी के नया बिजनेस, अब एसी-फ्रिज से लेके एलईडी बल्ब ले बनाई रिलायंस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Mukesh Ambani:देश के सबसे अमीर कारोबारी मुकेश अंबानी तेजी से बढ़त कंज्युमर इलेक्ट्रॉनिक्स आ होम अप्लायंस बिजनेस खातिर नया रणनीति तइयार कइल गइल बा। एकरा तहत अंबानी के कंपनी रिलायंस इंडस्ट्रीज एलईडी बल्ब से लेके एसी आ फ्रिज तक बनाने आ बेचे जा रहल बिया।

रिलायंस तइयार कइले बिया ई योजना

ईटी के एगो रिपोर्ट के अनुसार, रिलायंस इंडस्ट्रीज के योजना कंज्युमर इलेक्ट्रॉनिक्स आ होम अप्लायंस सेगमेंट में विदेशी कंपनियन के वर्चस्व के चुनौती देवे के बा। एकरा खातिर वाइजर (Wyzr) ब्रांड के तहत मेड-इन-इंडिया प्रोडक्ट लॉन्च कइल जाई। अंबानी के कंपनी ए योजना के तहत आवे वाला दिनन में एलईडी बल्ब, टीवी, एसी, फ्रिज, वॉशिंग मशीन आदि जइसन प्रोडक्ट लॉन्च कर सकत बिया।

एह मैन्युफैक्चरर्स से चल रहल बा बात

रिपोर्ट में रिलायंस के योजना से जुड़ल दुगो एग्जीक्यूटिव के हवाले से कहल गइल बा कि कंपनी मैन्युफैक्चरिंग आ प्रोडक्शन फाइनल करे खातिर बातचीत शुरू कर देले बिया। अबहीं वाइजर ब्रांड के तहत घरेलू इस्तेमाल के इलेक्ट्रॉनिक्स उपकरण बनावे खातिर कॉन्ट्रैक्ट पऽ मैन्युफैक्चरिंग करे वाली घरेलू कंपनियन के डिक्सॉन टेक्नोलॉजीज आ मर्क इलेक्ट्रॉनिक्स (ओनिडा के पैरेंट कंपनी) से एग्रीमेंट करे पऽ काम चल रहल बा।

ई प्रोडक्ट लिआ सकत बिया रिलायंस

रिलायंस इंडस्ट्रीज के खुदरा इकाई रिलायंस रिटेल हालहीं में वाइजर ब्रांड नाम से एयर कूलर लॉन्च कइले बिया। कंपनी के योजना एह ब्रांड के विस्तार करे के बा। अबहीं रिलायंस इंडस्ट्रीज ए ब्रांड के तहत टीवी, फ्रिज, एसी, वॉशिंग मशीन, एलईडी बल्ब जइसन प्रोडक्ट दोसरा मैन्युफैक्चरर्स से कॉन्ट्रैक्ट पऽ बनवाई। जब ई ब्रांड बाजार में ठीक-ठाक हिस्सेदारी हासिल कर ली , ओकरा बाद कंपनी खुदही प्लांट लगा के मैन्युफैक्चरिंगो शुरू कर सकत बिया।

इलेक्ट्रॉनिक्स मैन्युफैक्चरिंग में रिलायंस

अबही कंज्युमर इलेक्ट्रॉनिक्स सेगमेंट में रिलायंस के उपस्थिति सीमित बा। रिलायंस इंडस्ट्रीज 2022 में अमेरिकी इलेक्ट्रॉनिक्स मैन्युफैक्चरिंग कंपनी Sanmina के भारतीय यूनिट में 50.1 फीसदी हिस्सेदारी के 1,670 करोड़ रूपिया में अधिग्रहण कइले रहे। Sanmina के लगे चेन्नई में एगो 100 एकड़ में फइलल मैन्युफैक्चरिंग प्लांट बा। उऽ प्लांट में वाइजर ब्रांड के प्रोडक्ट बनावल जा सकत बा।

अबही नइखे भइल आधिकारिक ऐलान

हालांकि एह योजना के बारे में रिलायंस इंडस्ट्रीज अबही आधिकारिक तौर पs कवनो ऐलान नइखे कइले। दू दिन पहिलहीं  देश के सबसे बड़ लिस्टेड कंपनी रिलायंस इंडस्ट्रीज मार्च तिमाही के परिणाम जारी कइले बिया। ओमें कंपनी के ओर से एह योजना पऽ कवनो जानकारी नइखे दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]