बिकरू कांड के आरोपियन के मदद कइले के आरोप में कानपुर देहात जिला जेल में बंद खुशी दुबे के सुप्रीम कोर्ट से सशर्त जमानत मिल गइल बा। केह दौरान कोर्ट कहलस कि बिकरू कांड के समय खुशी नाबालिग रहली। अब उनके जेल में रखले के जरूरत नइखे।
बता देईं कि दू जुलाई 2020 के रात बिकरु गांव में गैंगेस्टर विकास दुबे अउर ओकरे गुर्गन के पुलिस टीम पर हमला कs के सीओ समेत आठ पुलिसकर्मियन के हत्या क दिहले रहे। एह घटना से दू दिन पहिलही अमर दुबे से शादी कर खुशी बिकरु गांव पहुंचल रहती। पुलिस उनहू के आरोपी बना के जेल भेजले रहे।

बिकरू गांव में 2 जुलाई के रात पुलिस गैंगस्टर विकास दुबे के पकड़े खातिर पुलिस दबिश दिहले रहे। विकास अउर उनके गुर्ग पुलिस टीम पs हमला कs के सीओ अउर एसओ समेत आठ पुलिसकर्मियन के हत्या कs दिहले रहे। विकास दुबे समेत छह बदमाश पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल रहे।