भाजपा युवा मोर्चा के तत्वधान में निकालल गइल बाइक रैली

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: भाजपा युवा मोर्चा के तत्वधान में बनियापुर विधानसभा में बाइक रैली निकालल गइल। बाइक रैली के नेतृत्व भाजपा युवा जिला मंत्री सह विधानसभा प्रभारी धीरज कुमार सिंह कइलें। मुख्य अतिथि के तौर पs भाजपा युवा जिला अध्यक्ष राजीव कुमार सिंह उपस्थित रहलें।

बाइक रैली के मशरक बस स्टैंड इस्थित हनुमान मंदिर के प्रांगण से भाजपा जिला प्रवक्ता त्रिभुवन तिवारी आ मंडल अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा हरियर झंडी दिखके रवाना कइल लो। बाइक रैली में मुख्य रूप से भाजपा जिला किसान मोर्चा मीडिया प्रभारी श्याम बिहारी सिंह, भाजपा युवा मोर्चा जिला मंत्री दुर्गेश गुप्ता, भाजपा मंडल युवा अध्यक्ष विकेश कुमार सिंह, मंडल युवा अध्यक्ष नंदन ओझा, आईटी सेल अतुल पांडेय, अनुसूचित जनजाति जिला मोर्चा मंत्री संटु पासवान, स्वामीनाथ गिरी, विशाल चौधुर, अमरनाथ कुमार सहित दर्जनन भाजपा कार्यकर्ता भाग लिहल लो। ई बाइक रैली यदू मोड़ होत बनियापुर विधानसभा के सहाजीतपुर मानोपाली बाजार पहुंचके एगो जनसभा में परिवर्तित हो गइल।

सभा के अध्यक्षता भाजपा पार्टी के वरिष्ठ नेता अजीत कुमार सिंह कइलें, संचालन जिला युवा भाजपा मंत्री धीरज कुमार सिंह कइलें, एह कार्यक्रम में भाजपा पार्टी के वरिष्ठ नेता अजीत कुमार सिंह, भाजपा किसान मोर्चा जिला उपाध्यक्ष सुनील कुमार सिंह, भाजपा पार्टी के वरिष्ठ नेता विजय आईटीआई चैनपुर मशरक के निर्देशक पप्पू सिंह सिग्रीवाल मुख्य अतिथि भाजपा युवा जिला अध्यक्ष राजीव कुमार सिंह के अंग वस्त्र, मोमेंटो आ फूलन के माला पहिनाके स्वागत कइल लो। एह कार्यक्रम में उपस्थित सभे युवा मोर्चा भाजपा मोदी दूतन के फूलन के माला पहिनाके स्वागत कइल गइल। इस कार्यक्रम में उपस्थित सब नेता लोगन द्वारा मोदी सरकार के 9 साल में कइल गइल कामन के भूरी भूरी प्रशंसा कइल गइल आ केंद्र सरकार के जनहित में चलावल जा रहल योजनन के बतावल गइल। एह कार्यक्रम में उपस्थित नवहन के नव मतदाता खातिर फार्म के भरके मतदाता बनावे के काम कइल गइल। नवहन के जादे से जादे मतदाता बने खातिर जागरूक कइल गइल।

एह कार्यक्रम में मुख्य रूप से मंडल अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा, भाजपा युवा नेता कुंदन कुमार सिंह, राजेश सिंह मंडल उपाध्यक्ष, गोलू प्रसाद, सूरज रस्तोगी,अंशु ठाकुर के संगे-संगे बहुत संख्या में भाजपा पार्टी के कार्यकर्ता कार्यक्रम मे सामिल रहल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-