Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bike Tips: बरखा में अचानक से बंद हो गइल बाइक? तुरंत स्टार्ट करे खातिर एह टिप्स के ले सकत बानी मदद

160
Google Ads 300*250 for posts

दिल्ली-एनसीआर समेत कइयन राज्यन में बरसात के दौर अभियो जारी बा। बरखा के दौरान दु पहिया वाहन चलावल बहुते जोखिमभरा काम हो सकत बा। बरखा के वजह से सड़क गील हो जाला आ एह वजह से कइयन बेर बाइक भा स्कूटर के टायर फिसले लागत बा। ओहिजा, कइयन बेर बरसात के दौरान पानी में भीगला के वजह से बाइक में कवनो दिक्कत आ जात बा। बरखा में मोटरसाइकिल चलल बंद हो जाला। जदि कबो बरखा में अचानक से बाइक बंद हो जाव तs रउआ कुछ टिप्स के फॉलो करेला। एकरा बाद बाइक स्टार्ट हो सकत बिया।

फ्यूल सिस्टम में गड़बड़ी

बरखा में बाइक चलावे के दौरान कइयन बेर गाड़ी के फ्यूल सिस्टम में परेशसानी आ जाला। बरखा के पानी फ्यूल टैंक  भा फेर बाइक के कार्बोरेटर में चल जाला। एह वजह से बाइक ना चलेला। कइयन बेर बाइक के फ्यूल टैंक में गंदगी जमा हो जाला, एहु वजह से बाइक स्टार्ट ना होला। अइसन में बाइक के कार्बोरेटर के सफाई कइल जा सकत बा। एकरा खातिर कवनो मैकेनिक के सहारा लिहल जा सकत बा।

चोक में परेसानी

जदि बाइक बरसात में अचानक से बंद हो गइल बा तs एकरा पीछे मोटरसाइकिल के चोक में परेसानी हो सकत बा। कइयन बेर बाइक के चोक काम ना करेला। अइसन में बाइक के कवनो तार में गड़बड़ी हो सकत बा। बाइक के साइड में लगाके मोटरसाइकिल के तारन के चेक कs सकत बा।

साइलेंसर में दिक्कत

कइयन बेर बाइक के साइलेंसर में पानी भर जाला। दरअसल, जदि सड़क पs पानी बहुत जादे भरल होखे तs अ इसन इस्थिति में बाइक के साइलेंसर काम ना करेला। अइसन में जदि रउआ साइलेंसर के तनिका बहुत जानकारी बा तs साइलेंसर में भरल पानी निकाले के चाहीं। अइसन कइला के बादो जदि बाइक सुरू नइखे होत तs फेर कवनो मैकेनिक के मदद ले सकत बानी।

बैटरी के जांच

मानसून के दौरान बरखा कबो आ सकत बा। अइसन में कइयन बेर बाइक के बैटरी जदि कमजोर बा तs बाइक नइखे चलत। अइसन में एक बेर बाइक के कवनो साइड में खड़ा कs के बैटरी के जांच कs सकत बानी। जदि संभव होखे तs आसपास के कवनो मैकेनिक के सहायता ले सकत बानी।

960470cookie-checkBike Tips: बरखा में अचानक से बंद हो गइल बाइक? तुरंत स्टार्ट करे खातिर एह टिप्स के ले सकत बानी मदद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.