नई दिल्ली। छत्तीसगढ़ के बीजापुर जिला में बियफे के सबेरे सुरक्षाबल आ नक्सलियन के बीच जोरदार मुठभेड़ भइल। एह मुठभेड़ में सुरक्षाब दूगो नक्सलियन के मार गिरवले बा। कार्रवाई बीजापुर में इंद्रावती नदी के लगे जंगल इलाका में भइल, जहां से एसएलआर (SLR) आ एगो इंसास राइफल सहित बड़ मात्रा में हथियार बरामद कइल गइल बा।
एगो सीनियर पुलिस अधिकारी बतवलें कि बियफे के सबेरे इंद्रावती नदी के किनारे जंगल में ओह समय गोलीबारी सुरू भइल, जब सुरक्षाबलन के संयुक्त टीम नक्सल विरोधी अभियान पs निकलल रहे। नक्सलियन के मवजूदगी के सूचना मिलतही सुरक्षाबल मोर्चा संभार लिहल आ जवाबी कार्रवाई सुरू कs दिहल।
अधिकारी के मोताबिक, मुठभेड़ शांत होखला के बाद वर्दी पहिनले दूगो नक्सलियन के लाश बरामद भइल। मवका से एगो सेल्फ-लोडिंग राइफल, एगो इंसास राइफल आ एगो 12-बोर राइफलो जब्त कइल गइल। पुलिस बतवलस कि इलाका में अभियो सर्च ऑपरेशन जारी बा, ताकि आउर नक्सलियन के मवजूदगी के पता लगावल जा सके।
अभी तक केतना माओवादी ढेर?
केंद्र सरकार नक्सलवाद के जड़ से खत्म करे खातिर एह साल 31 मार्च तक के डेडलाइन तय कइले बा। बियफे के एह कार्रवाई के बाद एह साल अभी ले छत्तीसगढ़ में अलग-अलग मुठभेड़न में कम से कम 25 माओवादी मारल जा चुकल बाड़ें।
एकरा पहिले 3 जनवरी के बस्तर इलाका में दूगो मुठभेड़ भइल रहे, जवना में बीजापुर सहित सात जिला सामिल रहे आ 14 माओवादी ढेर भइल रहस। पिछिला साल छत्तीसगढ़ में सुरक्षाबलन के संगे अलग-अलग मुठभेड़न में कुल 285 माओवादी मारल गइल रहलें सs।







