वैशाली। नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव के काफिला में चले वाली एस्कॉर्ट गाड़ी के तेज रफ्तार ट्रक टक्कर मार देलस। एमे तेजस्वी यादव के सुरक्षा में तैनात पुलिसकर्मी आ ड्राइवर गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग। घटना हाजीपुर-मुजफ्फरपुर मुख्य मार्ग के गोरौल थाना क्षेत्र के गोड़ीया पुल से पहिले भइल। एगो तेज रफ्तार अनियंत्रित ट्रक तेजस्वी यादव के काफिला में चल रहल एगो एस्कॉर्ट गाड़ी के जोरदार टक्कर मार देलस, जवना से एस्कॉर्ट में सवार पुलिसकर्मी आ ड्राइवर गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग। घायलन के आनन-फानन में तेजस्वी यादव अपना एस्कॉर्ट गाड़ी से अस्पताल भेजलें, जहां डॉक्टर लोगन द्वारा सभे के इलाज कइल जा रहल बा।
घायलन से मिले पहुंचलें तेजस्वी यादव
बतावल गइल कि तेजस्वी यादव मधेपुरा से कार्यक्रम में सामिल होखला के बाद पटना लवटत रहलें। जइसही तेजस्वी यादव वैशाली जिला के गोरौल थाना से कुछ दूर आगे बढ़लें, ऊ एगो चाय के दुकान पs रुकके चाय पियत रहस। एही दौरान, एगो अनियंत्रित ट्रक उनका पुलिस के गाड़ी में जोरदार टक्कर मरलस, जेमे वैशाली जिला बल के पुलिसकर्मी आ तेजस्वी यादव के संगे एस्कॉर्ट में चल रहल पुलिसकर्मी गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग।
एह सूचना के मिलतही तेजस्वी यादव खुद सदर अस्पताल पहुंचलें आ घायल ड्राइवर आउर पुलिसकर्मियन के हालचाल जनलें। बतावल जा रहल बा कि दुगो पुलिसकर्मियन के हालत गंभीर बा। घायल पुलिसकर्मियन में रामनाथ यादव, ललन कुमार आ धरविर कुमार सामिल बा लो।
ट्रक ड्राइवर के हिरासत में ले लिहल गइल बा
एने, पुलिस ट्रक के जब्त कs लेले बिया आउर ड्राइवर के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। तेजस्वी यादव सदर अस्पताल में कहले ऊ सबेरे 10 बजे से यात्रा पs रहस आ मधेपुरा में कार्यक्रम में सामिल होखला के बाद वापस लवटत रहस। चाय पिये खातिर रुके के दौरान ई घटना भइल। ऊ बतवलें कि जदि ट्रक के नियंत्रण ना खइता, तs उहो शिकार हो सकत रहलें। ऊ प्रशासन के तुरंत फोन कइलें आ टोल प्लाजा पs ट्रक के पकड़ लिहल गइल। ड्राइवर के हिरासत में ले लिहल गइल बा।
सिविल सर्जन कहलें- सभ केहू के हालत इस्थिर बा
वैशाली के सिविल सर्जन डॉ. श्यामनंदन प्रसाद कहलें कि नेता प्रतिपक्ष के एस्कॉर्ट गाड़ी में सड़क दुर्घटना भइल बा। अज्ञात वाहन उनका गाड़ी के ठोकर मरलस। ऊ खुद अस्पताल आइल रहस। सब घायलन के इलाज कइल जा रहल बा। जदि इस्थिति ठीक रहत बा, तs ओह लोगन के इहवें रखल जाई, ना तs उच्च केंद्र भेजल जाई। अभी सभे कर हालत इस्थिर बा।
Read Also: