Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News: CRPF जवान के सीवान में लोग देलस अंतिम विदाई

199
Google Ads 300*250 for posts

सीआरपीएफ जवान के ड्यूटी के दौरान मौत हो गइल। जवान के लाश रविवार के देर रात अपना गांव पहुंचल।  घटना के सिलसिला में बतावल जाता कि असम में ड्यूटी पs तैनात सिवान जिला के दारुंडा थाना क्षेत्र के मडसरा गांव निवासी जुगल किशोर तिवारी के पिता सीआरपीएफ जवान ईश्वर कांत तिवारी जे असम में ड्यूटी पs तैनात रहले।

मिलल जानकारी के मुताबिक,अचानक उनका पेट में बहुत दर्द महसूस भइल।  एकरा बाद उनकर साथी उनका के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करवले, जहां उनकर मौत हो गईल। परिवार के जसही घटना के जानकारी मिलल तऽ उऽ लोग रोवे लगले। बता दीं कि ईश्वर कान्त तिवारी के नश्वर पार्थिव शरीर उनके गाँव पहुँचल आ सलामी के बाद अंतिम विदाई दिहल गइल। जहाँ उनका के अंतिम संस्कार कइल गइल। घटना के बाद पूरा गांव में सन्नाटा पसर गइल बा। ईश्वरकांत तिवारी के डेढ़ साल के बेटियो बाड़ी। एकरा संगे-संगे पत्नी अउरी महतारी के हालत खराब बा।

तीन दिन पहिले गाँवे आइल रहले 

सिवान सीआरपीएफ जवान ईश्वरकांत तिवारी अब एह दुनिया में नइखन।  ड्यूटी के दौरान पेट में दर्द के चलते इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गइल। ई हादसा परिवार के झकझोर दिहलस। दूसर ओर परिवार के लोग बतवले कि असम के जोरहाट में उनकर ड्यूटी रहे आ उऽ तीन दिन पहिले परिवार से मिले खातिर गांवे आइल रहले आ घर में पूजा करवले रहले।  ईश्वर कांत तिवारी 24 अगस्त के ड्यूटी में शामिल भइल रहले, जवना के बाद अइसन घटना भइल।

940770cookie-checkBihar News: CRPF जवान के सीवान में लोग देलस अंतिम विदाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.