[the_ad_group id="30365"]

छपरा जंक्शन के रास्ते चली ग्वालियर-बरौनी स्पेशल ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा जंक्शन होत ग्वालियर बरौनी स्पेशल ट्रेन के संचालन अवधि बढ़ा दिहल गइल बा। यात्रियन के सुविधा के ध्यान में राखत रेल प्रशासन ग्वालियर-बरौनी-ग्वालियर द्वि-साप्ताहिक विशेष ट्रेन संख्या 04137/04138 के संचालन के अवधि में काफी बढ़ोतरी के घोषणा कइले बा। ई ट्रेन हर हफ्ता ग्वालियर आ बरौनी के बीच चलेले आ अब एकर संचालन के अवधि 35 गो अउरी यात्रा खातिर बढ़ा दिहल जाई।

ग्वालियर से 04137 ट्रेन

इ ट्रेन ग्वालियर से बरौनी तक हर हफ्ता 1 सितंबर 2024 से 29 दिसंबर 2024 तक निर्धारित दिन पऽ चली। एह विस्तारित अवधि में ई ट्रेन कुल 35 यात्रा खातिर चली जवना से ग्वालियर से बरौनी के बीच यात्रा करे वाला यात्रियन के अधिका सुविधा मिली।

बरौनी से 04138 ट्रेन

इ ट्रेन बरौनी से ग्वालियर खातिर 2 सितंबर 2024 से 30 दिसंबर 2024 तक चली। एह ट्रेन के संचालनो के बढ़ा के 35 गो यात्रा कर दिहल गइल बा। जवना से बरौनी से ग्वालियर के यात्रा अउरी आसान हो जाई। एह विशेष ट्रेन के समय, स्टॉप, आ परिचालन के जानकारी एह विस्तारित अवधि में वइसने रही।

यात्री के बढ़त मांग अउरी यात्रा के सुविधा के देखत रेल प्रशासन इ कदम उठवले बा। एह फैसला से यात्रियन के यात्रा के सुचारू अनुभव मिल जाई आ यात्रा योजना में आसानी होखी। एह विस्तार से यात्रियन के यात्रा सुविधा में सुधार होखी जवना से उऽ लोग आपन यात्रा अधिका आरामदायक आ सुविधाजनक तरीका से पूरा कर सकिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]