Bihar News: बिहार CMO के पनवाड़ी देले रहे बम से उड़ावे के धमकी, कोलकाता से भइल गिरफ्तार

Share

बिहार पुलिस मुख्यमंत्री कार्यालय के धमकावे वाला मो. जाहिद के सोमार के दिने कोलकाता से गिरफ्तार कर लिहल गइल। आरोपी कोलकाता के बाउ बाजार में पान के दोकान चलावत रहे। पुलिस के प्रारंभिक जांच के मुताबिक उऽ अपना तीनों रिश्तेदार के फंसावे खातिर तीन मोबाइल नंबर के संगे बिहार के सीएमओ के धमकी देवे वाला ईमेल भेजले रहले।मो. जाहिद के पुलिस सोमार के दिने कोलकाता के बाउ बाजार से गिरफ्तार कर लेलस। उऽ बाउ बाजार में पान के दोकान चलावत रहे। पुलिस ओकरा से मोबाइल फोनो बरामद कइले बिया, जवना के माध्यम से धमकी के ईमेल भेजल गइल रहे।

रिश्तेदारन के फंसावे खातिर धमकी देबे वाला ईमेल भेजले रहे 

पूछताछ के दौरान पता चलल कि उ अपना तीनों रिश्तेदार के पुलिस केस में फंसावे खातिर धमकी देवे वाला ईमेल भेजले रहे आ उनकर नंबरो बतवले रहे। 51 साल के मो. जाहिद मूल रूप से बेगूसराय के भगवानपुर में इस्थित बन्हारा खिजिरचक के निवासी हवे। ओकरा के पटना लिआवल जा रहल बा।

सीएमओ बिहार के 16 जुलाई के धमकी मिलल रहे  

सचिवालय थाना में दर्ज प्राथमिकी के मुताबिक 16 जुलाई के सीएमओ बिहार के पटना कार्यालय के ईमेल आइडी पs धमकी देवे वाला ईमेल भेजल गइल रहे। ईमेल मिलला के बाद एटीएस (एंटी टेररिस्ट स्क्वाड) जांच कइलस।

धमकी के संगे-संगे ईमेल में तीन मोबाइल नंबर दिहल गइल। एटीएस ओह नंबर धारकन के जानकारी एकट्ठा कइलस आ तीनों से पूछताछ कइल गइल। तीनों के खिलाफ कवनो ठोस सबूत ना मिलल। एफएसएल आ तकनीकी टीमो मामला के जांच में व्यस्त रहे।

जांच के दौरान इ जानकारी मिलल कि कवन मोबाइल आ कहां से ईमेल भेजल गइल। इहो पता चलत रहे कि उऽ मोबाइल आ सिम केकर नाम पर बा। तकनीकी जांच में मो. जाहिद के नाम सामने आ गइल। एकरा बाद शुक के सांझ सचिवालय थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल।

लोकेशन बार-बार बदलत रहे

मामला दर्ज कइला के बाद सचिवालय थाना के पुलिस टीम कोलकाता पहुंचल। जवना जगह पs आरोपी के लोकेशन मिलल रहे, उहाँ भीड़ रहे। एही बीच आरोपी के लोकेशनो बदलत रहे। पुलिस कई घंटा तक आरोपी के पीछे-पीछे घूमत रहल। सोमार के जइसही ओकर सही लोकेशन मिलल, उऽ पकड़ा गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-