Bihar News : बिहार में एगो आउर पुल धंसल, निशाना पऽ अबकी लालू यादव के पार्टी; भाजपा कहलस – बख्शब ना

Share

Bihar News : भाजपा प्रवक्ता कहले कि बिहार सरकार एह मामला के गंभीरता से लेले बा। आउर सभी पुल के साथे एह पुल के भी जांच करावल जा। आखिर तत्कालीन सांसद कतना पइसा खइले रहलें ? जांच के बाद सारा बात स्पष्ट हो जाई।

किशनगंज में एगो आउर पुल धंसला के बाद बिहार में सियासत शुरू हो गइल बा। भारतीय जनता पार्टी के नेता अब सीधा राष्ट्रीय जतना दल पs हमला बोल रहल बाड़े । उनका लो के आरोप बा कि इ पुल राजद के दिग्गज नेता आ पूर्व केंद्रीय मंत्री के फंड से बनल रहे। अब बिहार सरकार एह मामला के जांच करवाइ कि राजद के तत्कालीन सांसद  ओ घरी कतना पइसा खइले रहलें। भाजपा प्रवक्ता नीरज कुमार कहले कि किशनगंज में जवन पुल धंसल बा, ओकरा के राजद के तत्कालीन सांसद दिवंगत तसलीमुद्दीन के फंड से बनल रहे। एह पुल के निर्माण कार्य में गुणवत्ता के ख्याल नइखे राखल गइल एहिसे आज अइसन इस्थिति उत्पन्न हो गइल बा।

तत्कालीन सांसद कतना पइसा खइले रहलें

भाजपा प्रवक्ता कहले कि बिहार सरकार एह मामला के गंभीरता से लेले बिया। आउरो पुल के साथ एहु पुल के जांच करावल जाई। आखिर तत्कालीन सांसद कतन पइसा खइले रहलें। जांच के बाद सारा बात स्पष्ट हो जाई। 2007-2008 में एह पुल के निर्माण भइल रहे। जांच में जे दोषी पावल जाई उऽ बख्शल ना जाई।

पुल के पिलर करीब एक फुट धंस गइल बा

मामला किशनगंज जिला के ठाकुरगंज प्रखंड के हऽ। जहां तेज बारिश के बादो नदी के जलस्तर बढ़ गइल, जवना से बूंद नदी पs बनल पुल के पिलर करीब एक फुट धंस गइल बा। ई पुल ठाकुरगंज के पथरिया पंचायत इस्थित खोशी डांगी गांव में तत्कालीन सांसद मो. तस्लीम उद्दीन के सांसद कोष से 2007-8 में बनावल गइल रहे। बाकिर सोमवार के पानी के दवाब ना झेल पावल आ पिलर एक से डेढ़ फुट धंस चुकल बा। स्थानीय पूर्व मुखिया जवाहर सिंह बतवले कि ई पुल तीन से चार पंचायतन के जोड़ेला। जदि अइसन पुल धराशायी हो जाव तऽ 50 से 60 हजार आबादी प्रभावित होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-