देवरिया में मंदिर पऽ गिरल आकाशीय बिजली, पुजारी समेत दु के मौत, सात घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 1, 2024

UP Rain News : ऐतवार के आधा से ज्यादा यूपी में रुक-रुक बरखा होत रहें। मौसम विभाग 57 जिलन में भारी बारिश के अलर्ट जारी कइले बा। ऐतवार के देवरिया में आकाशीय बिजली गिरला से

Share

UP Rain News : ऐतवार के आधा से ज्यादा यूपी में रुक-रुक बरखा होत रहें। मौसम विभाग 57 जिलन में भारी बारिश के अलर्ट जारी कइले बा। ऐतवार के देवरिया में आकाशीय बिजली गिरला से पुजारी समेत दु लोगन के मौत हो गइल, जबकि सात लोग घायल हो गइल बाड़न।

देवरिया: उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला में ऐतवार के बारिश के बीच एगो मंदिर पs आकाशीय बिजली गिरला से पुजारी समेत दु लोगन के मौत हो गइल। उहे, आउर सात लोग गंभीर रूप से झुलस गइले। थाना कोतवाली प्रभारी वेद प्रकाश शर्मा बतवले कि ऐतवार के रात करीब एक बजे तेज बरखा के दौरान गोपालपुर गांव में इस्थित एगो मंदिर में कुछ लोग शरण लेले रहे, तबे अचानक मंदिर पs आकाशीय बिजली गिरल।

उऽ लोग बतावल कि एकर असर इतना जबरदस्त रहे कि एकरा जद में आवे से मंदिर के पुजारी राधेश्याम गिरि (50) आ राजनाथ कुशवाहा (40) नाम के एगो आउर व्यक्ति के मौका पs मौत हो गइल। हादसा में सात आउर लोग गंभीर रूप से झुलस के घायल हो गइले, जेकर उपचार मेडिकल कॉलेज में कइल जाई। जिलाधिकारी अखंड प्रताप सिंह बतवले कि मृतकन के परिजन आ घायलन के नियमानुसार सरकारी सहायता प्रदान कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.