पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 खातिर NDA आपन चुनावी संकल्प पत्र जारी कइले बा। भाजपा, जदयू, लोजपा (रामविलास), हम आ आरएलएम के नेता एक संगे मंच पs आके बिहार के जनता से आपन वादा कइले बा लोग।
दिल्ली से आइल केंद्रीय मंत्री आ भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, केंद्रीय मंत्री आ हम (एस) के संरक्षक जीतन राम मांझी, लोजपा (आर) प्रमुख चिराग पासवान, आरएलएम के नेता उपेंद्र कुशवाहा सहित कइयन गो नेता पटना में NDA के “संकल्प पत्र” जारी कइले।
NDA के संकल्प पत्र में का बा खास
- 1 करोड़ सरकारी नौकरी आ रोजगार
- कौशल जनगणना करवा के युवा लोगन के हुनर के हिसाब से रोजगार दिआई।
- हर जिला में मेगा स्किल सेंटर बनावल जाई, जवन बिहार के ग्लोबल स्किलिंग हब बनाई।
- मुख्यमंत्री महिला रोजगार योजना के तहत महिला लोगन के ₹2 लाख तक के सहायता राशि दिआई।
- 1 करोड़ महिला लोगन के “लखपति दीदी” बनावल जाई।
- “महिला मिशन करोड़पति” से चुनल उद्यमी महिलन के करोड़पति बनावे के दिशा में काम होई।
- अति पिछड़ा वर्ग के बेवसायिक समूह के ₹10 लाख तक के मदद दिहल जाई।
- सुप्रीम कोर्ट के रिटायर्ड जज के अध्यक्षता में एगो उच्च स्तरीय समिति बनावल जाई, जवन सामाजिक-आर्थिक इस्थिति के आकलन करी।
हर किसान के सम्मान, हर फसल के सही दाम
- कर्पूरी ठाकुर किसान सम्मान निधि से हर किसान के सालाना ₹3,000- कुल ₹9,000 मिलाई।
- कृषि इंफ्रास्ट्रक्चर में ₹1 लाख करोड़ के निवेश होई।
- पंचायत स्तर पs धान, गेहूं, मक्का, दलहन के MSP पs खरीदारी होई।
- मत्स्य-दुग्ध मिशन योजना से हर मत्स्यपालक के ₹9,000 के लाभ होई।
- हर प्रखंड में दूध चिलिंग आ प्रोसेसिंग सेंटर बनावल जाई।
- 5 मेगा फूड पार्क बनावल जाई आ कृषि निर्यात दुगुना होई।
- 2030 तक दलहन उत्पादन में आत्मनिर्भरता हासिल कइल जाई।
विकास आ कनेक्टिविटी
- 7 गो एक्सप्रेसवे बनावल जाई।
- 3600 किलोमीटर रेल ट्रैक के आधुनिकीकरण होई।
- अमृत भारत एक्सप्रेस आ नमो रैपिड रेल सेवा के विस्तार होई।
- 4 शहर में मेट्रो सेवा सुरू होई।
आधुनिक शहरी विकास
- “न्यू पटना” में ग्रीनफील्ड शहर आ प्रमुख शहर में सैटेलाइट टाउनशिप बनावल जाई।
- मां जानकी के जन्मस्थली सीतापुरम के विश्वस्तरीय आध्यात्मिक नगरी बनावल जाई।
- पटना, दरभंगा, पूर्णिया आ भागलपुर में अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा बनावल जाई।
- 10 नया शहर से घरेलू उड़ान सुरू होई।
औद्योगिक क्रांति आ नया अर्थव्यवस्था
- विकसित बिहार औद्योगिक मिशन के तहत ₹1 लाख करोड़ के निवेश से उद्योग बढ़ावल जाई।
- हर जिला में मैन्युफैक्चरिंग यूनिट आ 10 गो नया इंडस्ट्रियल पार्क बनावल जाई।
- न्यू एज इकोनॉमी खातिर ₹50 लाख करोड़ के निवेश आकर्षित कइल जाई।
जनकल्याण योजना
- मुफ्त राशन
- 125 यूनिट तक मुफ्त बिजली
- ₹5 लाख तक मुफ्त इलाज
- 50 लाख नया पक्का मकान
				 Post Views: 193
			
				 
								 
															







