[the_ad_group id="30365"]

Bihar Election 2025 : यूपी में रहत बिहार के मतदाता लोगन के मिली छुट्टी, सरकार के आदेस जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। बिहार चुनाव 2025 खातिर यूपी सरकार बड़ फैसला लेले बिया। अब यूपी के सीमावर्ती जिलन में रहत बिहार के मतदाता लोगन के मतदान के दिन- 6 आ 11 नवंबर के छुट्टी दिहल जाई। सामान्य प्रशासन विभाग के प्रमुख सचिव मनीष चौहान बियफे के दिन ई आदेस जारी कइले बाड़ें।

आदेस में कहल गइल बा कि बिहार राज्य ओह मतदाता लोगन के, जे रोजी-रोटी खातिर यूपी में काम कs रहल बा- चाहे ऊ दैनिक मजदूर काहे ना होखे- वोट डाले खातिर छुट्टी दिहल जाई। ई छुट्टी सरकारी दफ्तर, निजी कंपनी, अउर औद्योगिक इकाई सभ में लागू होई, जवन कर्मचारी बिहार के मतदाता होई।

प्रदेश सरकार जिलाधिकारी आ विभाग प्रमुखन के इहो निरदेस देले बा कि मतदान के दिन पात्र कर्मचारी के सवैतनिक छुट्टी (Paid Leave) के सुविधा जरूर दिहल जाई।

ई आदेस सोनभद्र, चंदौली, गाजीपुर, बलिया, देवरिया, कुशीनगर आ महराजगंज जइसन सीमावर्ती जिलन के डीएम सबका के भेजल गइल बा।

Read Also: Delhi AQI Today : दिल्ली-NCR में ‘जहरीली’ हवा से तनिका सा राहत, 200 से नीचे आइल AQI; जानीं कइसन बा रउरा इलाका के हाल?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]