बिहार विधान परिषद के पांच सीटन खातिर सबेरे आठ बजे से वोटिंग सुरू, BJP आ महागठबंधन में कांटा के टक्कर के आसार

Share

बिहार विधान परिषद (Bihar MLC Election) के पांच सीटन पs सुक के होखे वाला मतदान खातिर चुनाव आयोग कावर से सब तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। आयोग के ओर से पांचो सीट खातिर 27 जिलन के 281 प्रखंडन में मतदान केंद्र बनावल गइल बा। पांचों सीट पs करीब तीन लाख मतदाता सुक के सबेरे आठ से सांझ चार बजे तक अपना मताधिकार के प्रयोग करी लो।

राज्य में कोसी, गया आ सारण शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र में मतदाता लोगन के संख्या कम बा। ओहिजा, गया आ सारण स्नातक निर्वाचन क्षेत्र में मतदाता लोगन के संख्या बेसी बा। निर्वाचन क्षेत्र के बात करीं तs प्रति निर्वाचन क्षेत्र करीब 20-20 हजार मतदाता बा लो। जबकि स्नातक निर्वाचन क्षेत्रन खातिर प्रति निर्वाचन क्षेत्र करीब एक लाख 20 हजार मतदाता बा लो।

विधान परिषद के सीटन पs निर्वाचन के काम वरीयता के आधार पs कइल जाला। अइसन में हर मत के मूल्य होला। सुक के मतदान के बाद पांच अप्रिल के सब निर्वाचन क्षेत्रन के प्रमंडलीय मुख्यालय में मतन के गिनती होई। पांचों निर्वाचन क्षेत्रन में 48 प्रत्याशी किस्मत आजमा रहल बा लो।

प्रत्याशी लोग घरे-घरे जाके कइलस संपर्क

पांच सीटन के प्रत्याशी लोग बियफे के आखिरी बेर घरे- घरे जाके मतदाता लोगन से संपर्क साधे के कोसिस कइल लो। निर्वाचन क्षेत्र के मोताबिक कोसी शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र के विस्तार पूर्णिया, सुपौल, मधेपुरा, सहरसा, खगडि़या, मुंगेर, लखीसराय, शेखपुरा, जमुई, बांका, भागलपुर, कटिहार, अररिया आ किशनगंज जिलन में फइलल बा।

ओहिजा, सारण स्नातक आ सारण शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र में सारण, पश्चिम चंपारण, पूर्वी चंपारण, गोपालगंज आ सिवान जिला सामिल बा। गया शिक्षक आ गया स्नातक निर्वाचन क्षेत्र में गया, जहानाबाद, औरंगाबाद, अरवल, रोहतास, कैमूर, भोजपुर आ बक्सर जिला सामिल बा।

स्नातक आ शिक्षक कोटा के सीटन के माध्यम से भाजपा विधान परिषद में सबसे बड़ दल बने के कोसिस में बिया। पांच सीट खातिर चुनाव हो रहल बा, जेमे से पार्टी के खाता में मात्र एगो सीट बा। ओकर कोसिस एमे से अधिकतर सीटन के जीत के उच्च सदन में संख्या बल के लिहाज से बड़ दल बनला के बा।

एही आस आ रणनीति के तहत भाजपा पांचों सीट पs आपन प्रत्याशी देले बिया। वर्तमान में चुनाव वाला पांच में से तीन सीट जदयू के लगे बा आ एगो भाजपा के खाता में। एकरा अलावा सारण के सीट भाकपा से विधान पार्षद रहल केदार पांडेय के निधन से रिक्त भइल बा। भाजपा आ महागठबंधन के बीच एह पांचों सीट पs कांटा के टक्कर के आसार बा।

विधान परिषद में अभी सबसे बेसी 24 सदस्य जदयू के बा लो। भाजपा ओमे एकमात्र कम सदस्य संख्या वाली पार्टी बिया। महागठबंधन के ओर से तीन सीटन पs जदयू, एक सीट पs राजद आ सारण शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र से दिवंगत केदार पांडेय के पुत्र पुष्कर आनंद भाकपा के प्रत्याशी बाड़े।

राजद के प्रत्याशी पुनीत सिंह पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के बेटा हवे। 75 सदस्यीय विधान परिषद में वर्तमान में दु गो सीट रिक्त बा। एमे एगो सीट जदयू छोड़ला आ एमएलसी के सदस्यता से उपेंद्र कुशवाहा के त्यागपत्र देला के कारण रिक्त बा। ओहिजा, दूसरका सीट केदार पांडेय के निधन से रिक्त बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-