[the_ad_group id="30365"]

सूरत कोर्ट के मानहानि मुकदमा के आधारे के दिहल जाई चुनौती, कइयन गो दिग्गज वकीलन के मिलल राहुल गांधी के साथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा चाहे रोजाना मानहानि के ममिला में सूरत मजिस्ट्रेट कोर्ट के राहुल गांधी के खिलाफ दिहल गइल फैसला के चुनौती देवे में लाग रहल समय के लेके कांग्रेस पs सवाल दाग रहल होखे बाकिर पार्टी आनन-फानन भा सियासी दबाव में एह ममिला में कवनो डेग नइखे उठावल चाहत।

एह फैसला के उपरी सत्र अदालत में चुनौती देवे में पार्टी कवनो तरे के कानूनी चूक के गुंजाइश नइखे छोड़नल चाहत। एहिसे फैसला के चुनौती देवे संबंधी याचिका के मसौदा तइयार होखला के बादो पार्टी के वरिष्ठ कानूनविद एकर गहराई से अध्ययन कर रहल बा लो।

मजिस्ट्रेट कोर्ट के फैसला पs तत्काल रोक लगावे पs जल्दिये कइल जाई मांग

संगही उपरी अदालत में गइला के कानूनी विकल्पन के तौर-तरीका पs अंतिम दौर के मंत्रणा चल रहल बा। सूरत मजिस्ट्रेट कोर्ट के फैसला पs रोक लगावत एकरा के खारिज करे खातिर दायर कइल जाये वाला याचिका के मसौदा तइयार हो गइला के बावजूद कांग्रेस उपरी अदालत में जाये के रुपरेखा के खुलासा नइखे कइले।

हालांकि पार्टी के सियासी गलियारन में जारी हलचल के संकेतन से साफ बा कि अगिला हफ्ता के सुरूआते में याचिका दायर कs के मजिस्ट्रेट कोर्ट के फैसला पs तत्काल रोक लगवला के संगही मानहानि के मुकदमा के खारिज करे के मांग कइल जाई।

वकील अभिषेक सिंघवी के नेतृत्व में अदालत के दरवाजा खटखटा रहल बिया पार्टी

बतावल जात बा कि कानूनी मसौदा में निचली अदालत के राहुल के खिलाफ मानहानि के मुकदमा बनावे के आधारे के गलत बतावत मजिस्ट्रेट कोर्ट के पूरा कानूनी प्रक्रिया पs गंभीर सवाल खड़ा कइल गइल बा। वरिष्ठ कांग्रेस नेता दिग्गज वकील अभिषेक सिंघवी के नेतृत्व में पार्टी के कानूनी सलाहकारन के टीम मजिस्ट्रेट कोर्ट के फैसला के कानूनी कसौटियन पs धराशायी करे खातिर याचिका के मसौदा के फूल प्रुफ बनवला के बादे उपरी अदालत में जाई। एहिसे आपराधिक ममिलन के जानकार कानूनी विशेषज्ञन से राय मशविरा कइल जा रहल बा।

राहुल गांधी के पैरवी करे खातिर कपिल सिब्बल बाड़ें तइयार

सूत्रन के मोताबिक सिंघवी के अलावे सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठ वकील आरएस चीमा चुनौती याचिका के मसौदा तइयार करे वाले कानूनी दिग्गजन में सामिल बाड़े। चीमा आपराधिक ममिलन के सुप्रीम कोर्ट के गिनल-चुनल वकीलन में शुमार कइल जालें। पूर्व कांग्रेस नेता वरिष्ठ वकील कपिल सिब्बलो राहुल के ममिला के पैरवी खातिर तइयार बाड़े। हालांकि अभी कवनो औपचारिक पहल नइखे भइल।

बतावल जा रहल बा कि देस के कइयन गो स्वतंत्र नामी-गिरामी वकील राहुल के मुकदमन में आपन जोगदान देवे के पेशकश कइले बा लो। बाकिर पार्टी अभी अपना कानूनी विशेषज्ञन के पर्याप्त मान रहल बिया आ सारा कानूनी पत्ता एक साथे नइखे खोलल चाहत।

जल्दिये फैसला के उपरी अदालत में चुनौती दिहल जाई: मल्लिकार्जुन खरगे

कांग्रेस रणनीतिकारन के मोताबिक राहुल गांधी के लोकसभा सदस्यता के अदालती फैसला के 24 घंटा के भीतर आनन-फानन में खतम कइल गइला के बाद तुरंत उपरी अदालत में चुनौती देवे के विकल्प के बहुत फायदा ना रह गइल रहे।

मजिस्ट्रेट कोर्ट खुदे राहुल पs दिहल फैसला पs एक महीना तक रोक लगा रखले बिया आ अइसे में पार्टी मानहानि के मुकदमा के पूरा बुनियादे के कानूनी रूप से गलत साबित करे के ठान लेले बिया। कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे सुक के कहले रहस कि पार्टी के कानूनी टीम आपन तइयारी कर रहल बिया आ जल्दिये फैसला के उपरी अदालत में चुनौती दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]