Bihar Ias Transfer: नीतीश सरकार ‘सचिव’ लेवल के 3 अफसरन के कइलस ट्रांसफर, दु के केंद्र में भेजलस, लिस्ट देखीं…

Share

Bihar Ias Transfer: नीतीश सरकार ने तीन आईएएस अधिकारियों के ट्रांसफर कइले बिया। ओहिजा दुगो अधिकारियन के केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs जाये खातिर विरमित कs दिहल गइल बा। एह संबंध में सामान्य प्रशासन विभाग के तरफ से अधिसूचना जारी कs दिहल गइल बा।

लोक स्वास्थ्य अभियंत्रण विभाग के प्रधान सचिव पंकज कुमार के कृषि विभाग के प्रधान सचिव के पद पs पदस्थापित कइल गइल बा। ई अगिला आदेस तक खाद्य उपभोक्ता संरक्षण विभाग के प्रधान सचिव आ जांच आयुक्त के अतिरिक्त प्रभार में बनल रही। ओहिजा ऊर्जा विभाग के सचिव पंकज कुमार पाल के स्थानांतरित कs के लोक स्वास्थ्य अभियंत्रण विभाग के सचिव बनावल गइल बा। जबकि स्वास्थ्य विभाग के सचिव मनोज कुमार के स्थानांतरित कs के ऊर्जा विभाग के सचिव बनावल गइल बा। ऊ अगिला आदेस तक बिहार स्टेट पावर होल्डिंग कंपनी के अध्यक्ष सह प्रबंध निदेशक के अतिरिक्त प्रभार में रहिहें।

ओहिजा दुगो आईएएस अधिकारियन के केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs जाये खातिर विरमित कs दिहल गइल बा। कृषि विभाग के सचिव संजय कुमार अग्रवाल के कृषि आ किसान कल्याण मंत्रालय भारत सरकार में संयुक्त सचिव बनावल गइल बा। इनको के विरमित कs दिहल गइल बा। ओहिजा, राजस्व पर्षद के अपर सदस्य दया निधान पांडे के केंद्रीय प्रति नियुक्ति खातिर विरमित कs दिहल गइल बा। इनका के इस्पात मंत्रालय में संयुक्त सचिव बनावल गइल बा।

Read Also: राजस्थान: टोंक में बड़ हादसा, बनास नदी में डूबला से 8 के मौत; नहाये गइल रहे 11 दोस्त

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-