राजस्थान: टोंक में बड़ हादसा, बनास नदी में डूबला से 8 के मौत; नहाये गइल रहे 11 दोस्त

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 10, 2025

जयपुर। राजस्थान के टोंक जिला से एगो बड़ हादसा के खबर सामने आइल बा। टोंक जिला में मंगर के बनास नदी में 8 लोग डूब गइल। टोंक के पुलिस अधीक्षक विकास सांगवान एह ममिला के

Share

जयपुर। राजस्थान के टोंक जिला से एगो बड़ हादसा के खबर सामने आइल बा। टोंक जिला में मंगर के बनास नदी में 8 लोग डूब गइल। टोंक के पुलिस अधीक्षक विकास सांगवान एह ममिला के संज्ञान में लेलें आ ममिला के जानकारी देत बतवलें कि तीन आउर के बचा लिहल गइल आ ओह लोगन के हालत इस्थिर बा।

ऊ बतवलें कि 25 से 30 साल के उमिर के 11 लोगन के एगो ग्नुप नहाये खातिर नदी में उतरल रहे, तबे ऊ गहिराह पानी में चल गइल लोग।

जयपुर से पिकनिक मनावे आइल रहे लो दोस्त

पुलिस आगे बतवलस, ‘सभे के बाहर निकालल गइल आ अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग ओमे से आठ के मृत घोषित कs देलस आ 3 के जान बच गइल। ‘ एसपी फिलहाल कहलें कि ई पता नइखे चल पाइल कि ऊ लोग गहिराह पानी में कइसे गिरल। ऊ बतवलें कि मृतक जयपुर के रहे लाेग आ उहां से पिकनिक मनावे टोंक आइल रहे।

राजस्थान सीएम एक्स पs कइलें पोस्ट

एह घटना पs राजस्थान के सीएम भजनलाल शर्मा एक्स पs पोस्ट कइलें बाड़ें आ ओह पोस्ट में दुख जतवले बाड़ें।

Read Also: काटल जाई 50 हाथी आ घर-घर बंटी मांस, एह देस में जारी भइल फरमान… बहुते दर्दनाक बा वजह

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.