Bihar Exit Poll Result 2025 : एग्जिट पोल से NDA गदगद, नीतीश बोललें- बिहार विकास पs फेर भरोसा जतवलस 

Share

Bihar Exit Poll Result 2025 : बिहार विधानसभा चुनाव के कइयन गो एग्जिट पोल्स के नतीजा अइला के बाद राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (एनडीए) खेमा में खुसी के लहर दउड़ गइल बा। जादेतर एग्जिट पोल्स में एनडीए के बहुमत के अनुमान लगावल गइल बा, जबकि महागठबंधन के पिछड़त देखावल गइल बा। एह रुझान के समने आवतही एनडीए कार्यकर्ता लोगन में जश्न के माहौल बन गइल बा।

पटना से लेके जिला मुख्यालय तक, भाजपा आ जदयू के दफ्तरन में कार्यकर्ता ढोल-नगाड़ा के थाप पs झूमत दिखल लोग। भाजपा कार्यालय में मिठाई बांटल गइल आ कार्यकर्ता “फिर एक बेर नीतीश सरकार” के नारा लगावल लोग।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एग्जिट पोल के रुझान के जनता के भरोसा के प्रमाण बतावत कहलें, “बिहार हमेसा विकास आ इस्थिरता के प्राथमिकता देले बा। ई एग्जिट पोल दिखा देलस कि जनता फेर विकास आ सुशासन पs भरोसा जतवले बा।”

ओने, उपमुख्यमंत्री आ भाजपा नेता सम्राट चौधरी कहलें कि, “प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में केंद्र आ राज्य दूनो स्तर पs विकास कs के जवन समन्वय बनल बा, उहे जनता के फैसला में झलकत बा।”

जदयू प्रदेश अध्यक्ष कहलें कि एग्जिट पोल ई संकेत देत बा कि जनता जातिवाद आ नकारात्मक राजनीति के नकार देलस। ओहिजा, महागठबंधन एग्जिट पोल्स के खारिज करत कहलस कि वास्तविक नतीजा तस्वीर बदल दी।

राजद प्रवक्ता कहलें, “एग्जिट पोल हमेसा सत्तारूढ़ दल के पक्ष में झुकल रहेला। जनता बदलाव खातिर वोट देले बिया, ई counting के दिन साफ हो जाई।”

राजनीतिक विश्लेषकन के मानल बा कि जदि एग्जिट पोल के ई अनुमान सही साबित होत बा, तs नीतीश कुमार एक बेर फेर सत्ता में वापसी कs सकत बाड़ें। एकरा से एनडीए के ना खाली बिहार में मजबूती मिली बलुक 2029 के लोकसभा चुनाव के रणनीति पs एकर असर पड़ी।

Read Also: Bihar Election Voting Final Update :  कुल 66.91% फीसदी भइल मतदान, 71.6% महिला आ 68.2% पुरुष कइल लोग कइल मताधिकार के प्रयोग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-