पटना। बिहार दिवस के मवका पs पूरा राज्य में उत्सव के माहौल बनल बा। राजधानी पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान में सरकार के ओर से तीन दिन तक भव्य कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल बा। एह साल बिहार दिवस के थीम ‘उन्नत बिहार, उज्ज्वल बिहार’ रखल गइल बा, जवन में सांस्कृतिक कार्यक्रम से लेके विकास प्रदर्शनी तक कइयन तरे के आयोजन हो रहल बा। एही बीच बिहार दिवस पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सहित कइयन गो दिग्गज लोग प्रदेशवासियन के बधाई देले बा।
पीएम नरेंद्र मोदी का कहलें?
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया पs सुभकामना देत लिखलें कि बिहार दिवस के मवका पs राज्य के सब परिवारजन के हार्दिक बधाई। ऊ कहलें कि बिहार भारतीय विरासत के भव्यता आ दिव्यता के बढ़ावे वाला प्रदेश हs, जवन आज विकास के नया-नया अध्याय लिखे में लागल बा। ऊ भरोसा जतवलें कि विकसित बिहार आ विकसित भारत के सपना पूरा करे में इहां के मेहनती आ ऊर्जावान लोग के जोगदान बहुते अहम रही।
सीएम नीतीश कुमार का कहलें?
मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहारवासियन के बधाई देत कहलें कि बिहार के इतिहास बहुत गौरवशाली रहल बा आ अब राज्य मजबूत संकल्प के संगे उज्ज्वल भविष्य के ओर बढ़ रहल बा। ऊ सब लोग से अपील कइलें कि समृद्ध बिहार बनावे खातिर मिल जुल के काम कइल जावs, ताकि राज्य के नया ऊंचाई पs ले जाइल जा सके।
राज्यपाल सैयद अता हसनैन का कहलें?
बिहार के राज्यपाल लेफ्टिनेंट जनरल सैयद अता हसनैन (सेवानिवृत्त) बिहार दिवस पs सुभकामना देले बाड़ें। ऊ कहलें कि बिहार दिवस के मवका पs सब बिहारवासी आ बिहारवंशी लोगन के ढेर सारा बधाई। ऊ अपील कइलें कि बिहार के गौरवशाली विरासत के बनवले रखत, राज्य आ देस के समग्र विकास में आपन पूरा जोगदान दिहल जावs। राज्यपाल बिहार के समृद्ध संस्कृति आ ऐतिहासिक महत्व के जिकिर करत लोगन से विकास में सक्रिय भूमिका निभावे के आग्रह कइलें।









