iPhone 17 Pro पs मिल रहल बा जबरदस्त छूट, किने से पहिले जरूर देखीं ई डील

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 22, 2026

टेक्नोलॉजी डेस्क। जदि रउआ कबो प्रीमियम स्मार्टफोन किने के सोचत बानी, तs ई समय रउआ खातिर सबसे बढ़िया मवका हो सकेला। एही समय विजय सेल्स iPhone 17 Pro पs जोरदार ऑफर दे रहल बा, जवना

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। जदि रउआ कबो प्रीमियम स्मार्टफोन किने के सोचत बानी, तs ई समय रउआ खातिर सबसे बढ़िया मवका हो सकेला। एही समय विजय सेल्स iPhone 17 Pro पs जोरदार ऑफर दे रहल बा, जवना में बैंक ऑफर के संगे 10 हजार रुपिया से जादे तक के छूट मिल सकेला। एकरा चलते ई डील खरीददारन खातिर बहुते आकर्षक बन गइल बा।

नया iPhone 17 Pro में 6.3 इंच के कॉम्पैक्ट OLED डिस्प्ले मिलेला। एमे पावरफुल A19 Pro चिपसेट आ 48MP के ट्रिपल फ्यूजन कैमरा सिस्टम दिहल गइल बा। एही के संगे फोन में कइयन गो हाई-एंड फीचर्स सामिल बा। जदि रउआ एह फोन के लेवे के सोचत बानी, तs पहिले एह ऑफर के बारे में ठीक से जान लीं।

iPhone 17 Pro पs डिस्काउंट ऑफर

एप्पल एह फोन के लॉन्च पिछिला साल सितंबर में 1,34,900 रुपिया के सुरुआती कीमत पs कइले रहे। अभी ई फोन विजय सेल्स के वेबसाइट पs 1,32,490 रुपिया में मिल रहल बा, माने करीब 2,410 रुपिया के सीधा छूट।

जदि रउआ HSBC बैंक के क्रेडिट कार्ड से पेमेंट करब, तs 6,000 रुपिया तक के अतिरिक्त छूट मिल सकेला। जबकि HDFC बैंक के क्रेडिट कार्ड EMI पs 4,500 रुपिया तक के छूट मिलत बा।

ओही तरे जदि रउआ लगे American Express कार्ड बा, तs 12,500 रुपिया तक के इंस्टेंट डिस्काउंट मिल सकेला, जवन एह डील के आउर बढ़िया बना देला। एही के संगे एक्सचेंज ऑफरो मवजूद बा, जवना से फोन के कीमत आउर कम हो सकेला।

iPhone 17 Pro के स्पेसिफिकेशन्स

स्पेसिफिकेशन के बात करीं तs iPhone 17 Pro में A19 Pro चिपसेट आ 12GB तक RAM मिलेला। फोन में 6.3 इंच के OLED डिस्प्ले बा, जवन 120Hz ProMotion टेक्नोलॉजी के संगे आवेला।

एमे ऑलवेज-ऑन डिस्प्ले, एंटी-रिफ्लेक्टिव कोटिंग आ Ceramic Shield 2 के प्रोटेक्शनो मिलेला। फोन एक बेर चार्ज कइला पs 39 घंटा तक वीडियो प्लेबैक दे सकेला।

फोटोग्राफी खातिर फोन में 48MP के ट्रिपल कैमरा सेटअप बा, जवना में 48MP फ्यूजन, 48MP अल्ट्रावाइड आ 48MP टेलीफोटो लेंस सामिल बा। ई 8x ऑप्टिकल जूम आ 8K वीडियो रिकॉर्डिंग के सपोर्ट करेला। सेल्फी खातिर 18MP के कैमरा दिहल गइल बा।

Read Also: Bihar Diwas 2026 : बिहार दिवस पs पीएम मोदी के सनेस, राज्यपाल आ सीएम सहित दिग्गज लोग दिहल सुभकामना

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.