Bihar News : बिहार डीजीपी के एसपी खातिर मैसेज- “एतना रुपिया भेजीं!” पुलिस हरकत में आइल तs निकलल ठगी के जाल

Police arrest cyber fraud suspects in Bihar for posing as DGP and attempting to scam Khagaria SP

Share

पटना। बिहार में साइबर थाना पुलिस एगो बड़ कार्रवाई करत दुगो साइबर ठग के गिरफ्तार कइले बा। आरोप बा कि ई दुनो अपना आप के बिहार के डीजीपी विनय कुमार बता के खगड़िया के एसपी राकेश कुमार से पईसा ठगे के चाहत रहलें सs।

कइसे खुलल पूरा ममिला?

जानकारी के मोताबिक, 10 अक्टूबर 2025 के एसपी खगड़िया के सरकारी मोबाइल नंबर 90318282210 पs एगो अनजान नंबर 8286663274 से व्हाट्सऐप संदेश आइल। मैसेज में खुद के डीजीपी बता के गूगल पे अकाउंट नंबर भेजल गइल आ पईसा भेजे के मांग कइल गइल। एसपी के शक होखला पs साइबर थाना में पु.नि. श्वेता भारती के बयान पs केस कांड संख्या-42/25 दर्ज भइल।

पुलिस कइलस त्वरित कार्रवाई

एसपी एकरा के लेके गंभीरतापूर्वक एगो खास टीम बनवलें। तकनीकी जांच के आधार पs छापेमारी भइल आ पुलिस दुगो आरोपियन के धर दबोचलस।

गिरफ्तार ठगन के पहचान एह तरे भइल-

  • मधुकांत कुमार, पिता – ब्रह्मानंद ठाकुर, निवासी – अजमतपुर वार्ड-09, थाना बैराटी, वैशाली
  • निखिल कुमार उर्फ निखिल, पिता – हेमंत कुमार पासवान, निवासी – लारूई हुसैनावाद, थाना बैराटी, वैशाली

पूछताछ में निकलल चउकावे वाला बात

दूनो आरोपी बतवलें सs कि ऊ लोग एगो साइबर ठगी गिरोह से जुड़ल बा। ई गिरोह लोगन के लालच देके ओह लोगन के नाम पs मोबाइल सिम आ बैंक खाता खुलवावत रहे, आ बाद में ओह खाता के इस्तेमाल ऑनलाइन ठगी में करत रहे।

का-का बरामद भइल?

पुलिस ठगन के लगे से दुगाे मोबाइल फोन, द़गो पासबुक, दुगो आधार कार्ड, एगो पैन कार्ड आ दुगो सिम कार्ड बरामद कइलस। गिरोह के बाकी सदस्यन के पकड़े खातिर छापेमारी जारी बा।

एह अभियान में पु.उपा. निशांत गौरव, पु.अ.नि. चंद्रकांत कुमार, सिपाही गुलशन कुमार आ सशस्त्र बलन के जवानन के अहम जोगदान रहल।

Read Also : Blind T20 World Cup : भारतीय दृष्टिबाधित महिला टीम बनल विश्व चैंपियन, फाइनल में नेपाल के हरवलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-