Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Crime: भोजपुर में पुलिस के बड़ कामयाबी, हथियारन के खजाना के साथे हिस्ट्रीशीटर गिरफ्तार

264

Bihar Crime बिहार के भोजपुर में पुलिस के बड़ल सफलता हाथे लागल बा। एगो गौशाला में छापेमारी कऽ के हथियारन के ढेर बरामद कइल गइल। एकरा साथही एगो हिस्ट्रीशीटर के गिरफ्तार करे में सफलता हासिल कइलस। एगो देसी कार्बाइन दू गो रायफल आ एगो देसी कट्टा आ आठ गो कारतूस बरामद कइल गइल बा। एकरा पहिलहु अपराधिक इतिहास रहल बा।

आरा। भोजपुर जिला के चौरी थाना क्षेत्र के कोलोडिहरी गांव में इस्थित एगो गौशाला में पुलिस छापामारी कऽ के अवैध हथियारन के ढेर बरामद कइलस। साथही एगो हिस्ट्रीशीटर के गिरफ्तार करे में सफलता हासिल कइलस। एकर जानकारी शनिचर के शाम भोजपुर एसपी नीरज कुमार सिंह पुलिस कार्यालय में आयाेजित प्रेस वार्ता में देले।

पकड़ाइल  पूर्णवासी यादव चौरी के कोलोडिहरी गांव के निवासी हऽ। एगो देसी कार्बाइन, दू गो रायफल आ एगो देसी कट्टा आ आठ गो कारतूस बरामद कइल गइल बा। एकरा पहिलहू से एकर अपराधिक इतिहास रहल बा। जेल से जमानत पs छूट के बाहर आइल रहे। दोबारा अपराध करे के षड्यंत्र रचत पकड़ा गइल। एगो मोबाइल फाेनो जब्त कइल गइल बा। एकरा के लेके आर्म्स एक्ट केे तहत प्राथमिकी कइल गइल बा। एगो आउर के तलाश जारी बा।

एसपी बतवले कि शुक के रात के पुलिस के गुप्त सूचना प्राप्त भइल रहे कि चौरी थाना के कोलोडिहरी गांव निवासी पूर्णवासी यादव अपना गौशाला मेें ढेर संख्या में अवैध हथियार लुका के रखले रहे आ कवनो बड़ घटना के अंजाम देवे के योजना बनावत रहे।

ए तरे कइल गइल गिरफ्तार

एकरा बाद पीरो डीएसपी राहुल सिंह के नेतृत्व में टीम गठित कऽ के कोलोडिहरी गांव निवासी पूर्णवासी यादव के गौशाला के लगे छापामारी कइल गइल। एही दौरान उऽ पुलिस टीम के देखके भागे लागल, तब ओकरा के खदेड़ के धर दबोचल गइल। तलाशी लिहला के बाद एगो देसी रायफल, एगो कार्बाइन आ तीन गो कारतूस बरामद कइल गइल। एकरा बाद ओकरा बतवला पs इमादपुर के राजपुर गांव निवासी पिंटू सिंह के घर पs  छापामारी कइल गइल।

ओकरा इहाँ से एगो देसी रायफल, एगो देसी कट्टा आ पांच कारतूस बरामद कइल गइल। टीम में चौरी थानाध्यक्ष विवेक कुमार, इमादपुर थानाध्यक्ष सुशांत कुमार आ दारोगा राम स्वरूप राम समेत आउर पदाधिकारी आ सशस्त्र बल के जवान शामिल रहले। एकरा के लेके चाैरी थाना में दुनु के विरुद्ध नामजद प्राथमिकी कइल गई बा।

2 साल पहिले जमानत पऽ छूट के आइल रहे बाहर

एसपी बतवले कि गिरफ्तार पूर्णवासी यादव के पहिलही से लमहर अपराधिक इतिहास रहल बा। साल 2019 से पुलिस फाइलन में चार्जशी टेड रहल बिया। सरकारी कार्य मेें बाधा पहुंचावे आ आर्म्स एक्ट समेत आआउर कई गो केस बा। ओकरा विरुद्ध दू गो केस चाैरी थाना आ दू गो केस पीरो थाना मेें दर्ज बा।

करीब दू साल पहिले जेल से जमानत पs छूट के बहरी आइल रहे। एही दौरान दूबार अपराधिक घटना के अंजाम देवे खातिर षड्यंत्र रचत रहे , बाकिर समय रहते पकड़ा गइला से ओकरा मंसूबा पs पानी फिर गइल।

साभार – जागरण

823510cookie-checkBihar Crime: भोजपुर में पुलिस के बड़ कामयाबी, हथियारन के खजाना के साथे हिस्ट्रीशीटर गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.