तिहाड़ से बाहर आवते एक्शन में CM केजरीवाल, सब विधायकन के बोलवले बइठक; एह मुद्दन पऽ हो सकऽता चर्चा

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2024

Arvind Kejariwal: सीएम अरविंद केजरीवाल शुक के अंतरिम जमानत पs रिहा हो गइले। उहे अब केजरीवाल अपना सब विधायकन के बइठक बोलवले बाड़े। ई बइठक सीएम आवास पs ऐतवार के भोरे होई। एमें सब विधायकन

Share

Arvind Kejariwal: सीएम अरविंद केजरीवाल शुक के अंतरिम जमानत पs रिहा हो गइले। उहे अब केजरीवाल अपना सब विधायकन के बइठक बोलवले बाड़े। ई बइठक सीएम आवास पs ऐतवार के भोरे होई। एमें सब विधायकन के उपस्थित रहे खातिर कहल गइल बा। मानल जा रहल बा कि सीएम केजरीवाल अपना सब विधायकन के साथे चुनाव सहित सरकार के विभिन्न रणनीतियन पs चर्चा कर सकत बाड़े।

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल शुक के अंतरिम जमानत पs जेल से बाहर अइला के बाद हरकत में आ गइल बाड़े। शनिचर के भोरे उऽ पहिले कनॉट प्लेस में इस्थित हनुमान मंदिर गइले, फेर दुपहरिया में उऽ पार्टी कार्यालय में प्रेस के संबोधित कइले। एमें उऽ बीजेपी पs जमके हमला बोलले। एमें उऽ कई हो दावा कइले, जवना में गइला दू महीना में यूपी के सीएम के पद से हटावे के बयान प्रमुख बा।

एही बीच, सीएम केजरीवाल अपना सब विधायकन के बइठक बोलवले हऽ। ई बइठक सीएम आवास पs ऐतवार के भोरे होई। एमें आप सब विधायकन के उपस्थित रहे खातिर कहल गइल बा। मानल जा रहल बा कि सीएम केजरीवाल अपना सब विधायकन के साथे लोकसभा चुनाव सहित सरकार के विभिन्न रणनीतियन पs चर्चा कर सकत बाड़े। ई बैठक सिविल लाइंस इस्थित आवास पs होई।

बता दी, केजरीवाल के जेल में होखे के कारण कई गो सरकार काम रूकल रहे आ कई हो फाइलन पs हस्ताक्षर ना हो पावत रहे। हालांकि उऽ बहुत जरूरी होखले पऽ फाइलन पs साइन कऽ पइहें।

भ्रष्टाचार के मुदा पऽ पीएम मोदी पऽ हमला

बता दें, केजरीवाल ने भ्रष्टाचार के मुद्दों पर पीएम मोदी के जम के घेरले। उऽ कहले कि नरेंद्र मोदी देश के सबसे बड़ चोर, उच्चकन आ डकैतन के अपना पार्टी में इकट्ठा कइले बाड़े आ केहेले कि हम भ्रष्टाचार से लड़ रहल बानी। मोदी जी, जदि रउआ भ्रष्टाचार से लड़े के सीखे के बा तऽ अरविंद केजरीवाल से सिखी। भ्रष्टाचार के खिलाफ केजरीवाल लड़ाई लड़ले बाड़े। हम भ्रष्टाचार के मामला में अपना मंत्रियन के कबहू नइखी छोड़ले। विपक्ष आ मीडिया के ना मालूम होखला के बादो उऽ लोगन के जेल भेज देनी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.