Nitish Kumar : नीतीश कुमार जा रहल बाड़ें राज्यसभा, अब बिहार में नया सीएम के रेस में पांच गो नाम

Share

पटना। पटना से बड़ा सियासी खबर सामने आ रहल बा। सीएम नीतीश कुमार अब दिल्ली जाये के तइयारी में बाड़ें आ राज्यसभा खातिर नामांकन दाखिल करिहें। अब बिहार में अगिला मुख्यमंत्री बीजेपी से हो सकेला। 16 मार्च के राज्यसभा चुनाव होखे वाला बा आ ओही दिन नतीजा आ जाई।

नीतीश कुमार के एह डेग के बाद बिहार में नया सीएम के लेके अटकलन के बाजार तेज हो गइल बा। सूत्रन के मानल जावs त पांच गो नाम सबसे आगे चल रहल बा- सम्राट चौधरी, नित्यानंद राय, दिलीप जायसवाल, विजय कुमार सिन्हा आ दीघा से विधायक संजीव चौरसिया।

सम्राट चौधरी

सम्राट चौधरी 1968 में मुंगेर जिला में जनम लेले रहस। ऊ बिहार राजनीति के मजबूत चेहरा मानल जालें। सुरुआती दौर में ऊ आरजेडी आ जदयू से जुड़ल रहलें, बाकिर बाद में बीजेपी में सामिल हो गइलें। 2023 में पार्टी उनका के प्रदेश अध्यक्ष बनवलें। 2024 में सत्ता बदलाव के बाद ऊ डिप्टी सीएम बनलें आ अब सीएम पद खातिर सबसे आगे बतावल जा रहल बाड़ें।

नित्यानंद राय

1966 में जनमल नित्यानंद राय हाजीपुर से कइयन बेर विधायक रहलें आ अब सांसद बाड़ें। ऊ बीजेपी के प्रमुख यादव चेहरा मानल जालें। लोकसभा चुनाव में बढ़िया जीत हासिल कइले रहस। संगठन में उनकर पकड़ मजबूत मानल जाला।

दिलीप जायसवाल

डॉ. दिलीप कुमार जायसवाल खगड़िया जिला से आवेलें। ऊ लमहर समय तक बीजेपी के प्रदेश कोषाध्यक्ष रहलें आ बाद में प्रदेश अध्यक्ष बनलें। पीएचडी डिग्री धारी जायसवाल के प्रशासनिक अनुभव आ साफ छवि उनकर मजबूती मानल जा रहल बा।

विजय कुमार सिन्हा

लखीसराय जिला में जनमल विजय सिन्हा छात्र राजनीति से आगे बढ़लें। 2020 में विधानसभा अध्यक्ष बनलें आ बाद में डिप्टी सीएम के जिम्मेदारी मिलल। सख्त प्रशासक के रूप में उनकर पहचान बा।

संजीव चौरसिया

दीघा सीट से विधायक संजीव चौरसिया 2025 चुनाव में जीत दर्ज कइले बाड़ें। ऊ पढ़ल-लिखल आ नवहा चेहरा के रूप में देखल जा रहल बाड़ें।

Read Also: Rajyasabha Election : कांग्रेस जारी कइलस छव उम्मीदवारन के लिस्ट, अभिषेक मनु सिंघवी सहित कइयन गो बड़ नाम सामिल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-