Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार विधानसभा स्पीकर देहलें इस्तीफा, थोड़ी देर में नीतीश कुमार साबित करिहें बहुमत

253

नीतीश कुमार के बहुमत परीक्षण से पहिले विधानसभा स्पीकर विजय कुमार सिन्हा अपने पद से इस्तीफा दे देहलें बानें। एसे पहिले राजद विधायक उनके खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस देहलें रहने, जेके सिन्हा खारिज कs देहलें। हालांकि, ऊ आजु इस्तीफा दे देहलें।

अविश्वास प्रस्ताव अस्पष्ट- विधानसभा स्पीकर

विधानसभा स्पीकर विजय कुमार सिन्हा कहलें – राजद विधायकन के ओर से देहल गइल अविश्वास प्रस्ताव अस्पष्ट बा। उ कहनें, हम इस्तीफा नाइ देब। हम नियम के तहत काम क रहल बानीं। विधानसभा स्पीकर  कहलें, हमरा पर कई आरोप लगावल गइल बा जबकि, हम हमेशा सदन के गरिमा बनावे रखले के प्रयास कइलीं। हम आपन कइल काम के मूल्यांकन माननीय सदस्य अउरी बिहार के जनता पर छोड़sतनी।

311820cookie-checkबिहार विधानसभा स्पीकर देहलें इस्तीफा, थोड़ी देर में नीतीश कुमार साबित करिहें बहुमत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.