Bihar Election 2025 : जदयू उम्मीदवार अनंत सिंह गिरफ्तार, दुलारचंद यादव हत्या कांड में पुलिस के बड़ एक्शन

**Image Alt Text (in English):** Patna Police arrested JDU candidate and former MLA Anant Singh from Barh in connection with the Dularchand Yadav murder case in Bihar.

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव (Bihar Election 2025) के बीच मोकामा के चर्चित दुलारचंद यादव हत्याकांड में पुलिस के तरफ से बड़ कार्रवाई भइल बा। पटना पुलिस सनिचर के देर रात जदयू उम्मीदवार आ पूर्व बाहुबली विधायक अनंत सिंह के गिरफ्तर कs लेलस। एसएसपी के अगुवाई में बनल विशेष टीम बाढ़ के कारगिल मार्केट से अनंत सिंह के पकड़ लेलस। पुलिस टीम उनका के रातो-रात पटना ले आइल। एह दौरान उनकर दूगो सहजोगी मणिकांत ठाकुर आ रणजीत राम के पुलिस उनका संगे धर लिहलस। तीनो के आज अदालत में पेश कइल जाई।

मोकामा के तारतर गांव में भइल हत्याकांड

30 अक्टूबर के मोकामा के तारतर इलाका में दूगो गुट के बीच हिंसक झड़प भइल रहे। एह झड़प में 75 बरिस के दुलारचंद यादव के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल। पुलिस जांच में पता चलल कि घटना के समय अनंत सिंह आ उनकर कुछ आदमी मौका पs मौजूद रहे लाेग। पुलिस के मोताबिक, पोस्टमार्टम रिपोर्ट में देह पs गंभीर चोट आ गोली के निशान मिलल बा। सुरुआती जांच में अनंत सिंह के मुख्य आरोपी मानल गइल बा। हालांकि, दूनो पक्ष से प्राथमिकी दर्ज भइल रहे, बाकिर जांच अब पूरा तरह से अनंत सिंह के ओर मुड़ गइल बा।

राजनीतिक पृष्ठभूमि आ बढ़ल सरगर्मी

दुलारचंद यादव मोकामा टाल इलाका के असरदार नेता रहलें। ऊ कइयन बेर विधानसभा चुनाव लड़ चुकल रहलें। उनकर रिश्ता लालू प्रसाद यादव से जोड़ के देखल जाला। अबकि बेर ऊ जनसुराज पार्टी के प्रत्याशी पीयूष प्रियदर्शी के समर्थन में प्रचार करत रहलें। प्रचार के दौरान विरोधी गुट से टकराव भइल आ झड़प में उनकर मौत हो गइल। एह घटना से बिहार के राजनीति में हलचल मच गइल बा, खासकर चुनाव प्रचार के चरम समय में।

पुलिस के सख्त निगरानी आ अगिला कार्रवाई

पुलिस अफसरन के कहनाम बा कि अनंत सिंह आ उनकर सहजोगी से पूछताछ जारी बा। पुलिस बतवलस कि घटना के हर पहलू के बारीकी से जांच कइल जा रहल बा। मौका से मिलल सबूत आ गवाहन के बयान पs आगे के कार्रवाई होई। सुरक्षा के लिहाज से अनंत सिंह के अदालत में कड़ा निगरानी में पेश कइल जाई।

Read Also: 02 नवंबर 2025 के राशिफल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-