Bihar News : मनोज तिवारी पs हमला के कोसिस, बोललें- ‘हमनी पs आरजेडी समर्थक हमला कइल लोग, गाड़ी तेज चला के निकले के पड़ल’

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 2, 2025

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव के प्रचार के दौरान बीजेपी सांसद मनोज तिवारी पs हमला करे के कोसिस भइल बा। मनोज तिवारी सनिचर के भोजपुर जिला के डुमरांव इलाका में प्रचार करे गइल रहलें। ऊ कहलें

Share

BJP MP Manoj Tiwari alleges RJD supporters tried to attack his convoy during a roadshow in Dumraon, Bihar.

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव के प्रचार के दौरान बीजेपी सांसद मनोज तिवारी पs हमला करे के कोसिस भइल बा। मनोज तिवारी सनिचर के भोजपुर जिला के डुमरांव इलाका में प्रचार करे गइल रहलें। ऊ कहलें कि जब ऊ एनडीए प्रत्याशी राहुल सिंह के संगे रोड शो करत रहलें, तब कुछ लोग आरजेडी के नारा लगावत हमला करे के कोसिस कइल। हालात बिगड़ल देख के, मनोज तिवारी के काफिला तेजी से गाड़ी चला के उहां से निकल गइल।

मनोज तिवारी के X (एक्स) पोस्ट पs खुलासा

मनोज तिवारी रोड शो के बाद एक्स (X) पs पोस्ट करत कहलें-

“अभी-अभी कुछ देर पहिले डुमरांव अरियांव ब्रह्म बाबा स्थान पs जब लोग प्रत्याशी राहुल सिंह के संगे हमरा रोड शो के स्वागत करत रहलें, तब कुछ लोग आरजेडी के नारा लगावत हमनी पs हमला करे के कोसिस कइल। हमनी टकराव से बचे खातिर गाड़ी तेज चला के निकल गइनी सs। प्रचार में आरजेडी के ई गुंडागर्दी काहे?”

रोड शो के तस्वीर पोस्ट कइले रहस

एह घटना से पहिले मनोज तिवारी डुमरांव के रोड शो के फोटो पोस्ट कइले रहस। ऊ लिखलें-
“आज डुमरांव से एनडीए प्रत्याशी राहुल सिंह जी के समर्थन में आयोजित भव्य रोड शो में सामिल भइनी। जनता के अपार उत्साह आ स्नेह ई साबित करत बा कि बिहार के जनता फेर से विकास आ सुशासन खातिर एनडीए के साथे बिया।”

तस्वीर में लोगन के भीड़ मनोज तिवारी के स्वागत करत नजर आवत रहे आ कुछ लोग जदयू के झंडा लहरावत दिखत बा।

पहिले रवि किशन के मिलल रहे धमकी

ई पहिला मौका नइखे जब बीजेपी नेता पs धमकी भा हमला भइल बा। एकरा पहिले बीजेपी सांसद रवि किशन के जान से मार देवे के धमकी मिलल रहे। धमकी देवे वाला के नाम अजय कुमार यादव बतावल गइल रहे।

ओही समय, मोकामा के घोसवरी में भइल दुलारचंद यादव हत्याकांड के बाद चुनाव आयोग कार्रवाई करत पटना ग्रामीण एसपी सहित चार अधिकारियन के तबादला कs देलें। आयोग बाढ़ के एसडीपीओ के सस्पेंड करे के आदेस देले बा। संगही बिहार के डीजीपी विनय कुमार से अतवार के दुपहरिया 12 बजे तक एक्शन टेकेन रिपोर्ट (ATR) मांगल गइल बा।

Read Also: Bihar Election 2025 : जदयू उम्मीदवार अनंत सिंह गिरफ्तार, दुलारचंद यादव हत्या कांड में पुलिस के बड़ एक्शन

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.