Nothing अपने फोन Nothing Phone 1 खातिर Nothing OS 1.1.7 अपडेट जारी कs दिहलस। एह अपडेट के बाद यूजर्स के AirPods के बैटरी परसेंटेज भी दिखी। हालांकि एह फीचर के फिलहाल टेस्टिंग ही हो रहल बा त अइसे में आप के नाइ मिलल बा त कौनो परेशान होखे वाला बात नाइ बा। जल्दिए ई फीचर आप के मिल जाई। एकरे अलावा नयका अपडेट के साथ Nothing Phone 1 के कई सारा बग फिक्स कइल गइल बा। एह अपडेट के साथ नवंबर के एंड्रॉयड सिक्योरिटी पैच भी बा।
नयका अपडेट के ले के Nothing बेहतर ऑप्टिमाइजेशन अउर परफॉरमेंस के दावा कइले बा। एकरे अलावा कंपनी इहो कहले बा कि नयका अपडेट के बाद वीडियो रिकॉर्डिंग में ऑडियो क्वॉलिटी पहिले के मुकाबले बेहतर होई। नथिंग नयका अपडेट के ले के इहो कहले बा कि बैटरी परसेंटेज इंडिकेटर में अब बैटरी लाइफ के जानकारी सटीक मिली। बता देईं कि पहिले बैटरी इंडिकेटर के ले के कई यूजर लोग शिकायतें कइले रहे।
Nothing OS अपडेट के साथ लॉक स्क्रीन में व्हाट्सएप के नोटिफिकेशन वाले बग के भी फिक्स कइल गइल बा। नयका अपडेट के साथ फोन के गरम होखले के शिकायत दूर हो सकsता। Nothing OS 1.1.7 अपडेट के साइज 79.72MB बा। एके रउआ Settings > System > System updates के फॉलो कsके भी अपडेट कs सकतनीं।
Nothing के सीईओ कार्ल पेई हालही में एंड्रॉयड 13 आधारित Nothing OS 1.5.0 बीटा अपडेट के टीजर भी जारी कइले बा। हालांकि बीटा प्रोग्राम लॉन्चिंग के बारे में कौनो जानकारी नाइ दीहल गइल बा। उम्मीद कइल जा रहल बा कि Nothing Phone 1 खातिर Android 13 के स्टेबल अपडेट 2023 के शुरुआत में जारी होई।