महाराष्ट्र् के नया कैबिनेट में 43 मंत्री, के-के लेई शपथ, ईहां देखी संभावित लिस्ट

Minee Upadhyay
महाराष्ट्र के नया कैबिनेट के आ गईल संभावित लिस्ट

सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक 5 दिसंबर यानी काल्हु महाराष्ट्र में सीएम अवुरी डिप्टी सीएम के शपथ लेवे के दुगो प्रस्ताव बा, जवना में पहिला – सीएम अवुरी दु डिप्टी सीएम होईहे अवुरी काल्ह इs तीनों शपथ लीहे।  दूसरा प्रस्ताव बा कि सीएम अवुरी दु डिप्टी सीएम अवुरी कुछ मंत्री शपथ लीहे। आजु साँझ ले ई तय हो जाई कि महाराष्ट्र के नयका मंत्रिमंडल खातिर कतना लोग शपथ लीहें. सबसे बड़ खबर इs बा कि विधान सभा के अध्यक्ष अवुरी विधान परिषद के अध्यक्ष के पद भाजपा के संगे शिवसेना के बा। आज दुपहरिया साढ़े तीन बजे महायुती के नेता राजभवन जाके सरकार बनावे के दावा पेश करिहें।

नया कैबिनेट के संभावित फार्मूला
बीजेपी- 21
शिंदे शिवसेना- 12
अजीत एनसीपी-10

भाजपा के संभावित चेहरा

देवेंद्र फडणवीस – मुख्यमंत्री
चंद्रशेखर बावनकुले
गिरीश महाजन
राधाकृष्ण विखे पाटिल
सुधीर मुनगंटीवार
रवींद्र चव्हाण
नीतेश राणे
शिवेंद्र राजे भोंसले
जयकुमार गोरे
जयकुमार रावल
गोपीचंद पडलकर
अशोक उइके
पंकजा मुंडे
चंद्रकांत पाटिल
मोनिका राजले
विद्या ठाकुर / संजय उपाध्याय । स्नेहल दुबे – उत्तर भारतीय चेहरे – स्नेहल दुबे – प्रबल दावेदार

शिंदे शिवसेना से संभावित चेहरा
एकनाथ शिंदे – उपमुख्यमंत्री
उदय सामंत
शंभुराजे देसाई
दीपक केसरकर
भारत ग़ोगावले
दादा भूसे
गुलाबराव पाटिल
मंजुला गावीत
संजय राठौड़
संजय शिरसाट

अजीत पवार एनसीपी से संभावित चेहरा
अजीत पवार – उपमुख्यमंत्री
छगन भुजबल
दिलीप वलसे पाटिल
हसन मुशरीफ़
धनंजय मुंडे
अदिति तटकरे
धर्मराव बाबा आत्राम
संजय बनसोडे

इहो पढ़ीं: देवेंद्र फडणवीस बनिहे महाराष्ट्र के सीएम, काल्ह सांझ 5 बजे लिहें शपथ

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।