स्पीकर राम निवास गोयल चुनावी राजनीति से लिहले संन्यास

Minee Upadhyay
स्पीकर राम निवास गोयल
- Sponsored Ads-

दिल्ली विधानसभा अध्यक्ष आ आम आदमी पार्टी के वरिष्ठ विधायक राम निवास गोयल चुनावी राजनीति से संन्यास लेबे के एलान कइले बाड़न.  एही संबंध में राम निवास गोयल आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल के चिट्ठी लिख के कहले कि उs अब उमर के चलते चुनावी राजनीति से दूर रहल चाहतारे लेकिन पार्टी के सेवा करत रहीहे।

केजरीवाल के लिखले पत्र

- Sponsored Ads-

पार्टी प्रमुख अरविंद केजरीवाल के लिखल चिट्ठी में राम निवास गोयल कहले कि पछिला 10 साल से हम शहादरा विधान सभा के विधायक अवुरी अध्यक्ष के रूप में अपना कर्तव्य के कुशलता से निभावत बानी। रउआ हमरा के हमेशा से बहुत सम्मान देले बानी जवना खातिर हम हमेशा रउआ के आभारी रहब।  पार्टी आ सभ विधायक भी हमरा के बहुत सम्मान देले बाड़े, एकरा खातिर हम सबके प्रति आभार व्यक्त करतानी।  अपना उमिर के चलते हम चुनावी राजनीति से दूर होखल चाहतानी।  हम रउरा सभे के भरोसा दिआवत बानी कि हम अपना पूरा मन, तन आ धन से आम आदमी पार्टी के सेवा करत रहब।  हम कोशिश करब कि रउरा जवन जिम्मेदारी हमरा के सौपब ओकरा के पूरा करीं. 


इहो पढ़ीं: हम रिटायर नइखी होखत… 24 घंटा में विक्रांत मैसी लिहले यूटर्न

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।