Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ओपनएआई के बड़हन झटका लागल! चैटजीपीटी पे रोक लगा दिहल गइल, डाटा चोरी के आरोप बा

एह तकनीक के दुनिया भर में लोकप्रियता बढ़ रहल बा, लेकिन एह बीच एआई टेक के एगो बड़ झटका लागल बा। दरअसल इटली में पिछला बियफे के दिने कथित तौर पे चैटजीपीटी पे रोक लगा दिहल गइल रहे |

403

ओपनएआई के बड़हन झटका लागल! चैटजीपीटी पे रोक लगा दिहल गइल, डाटा चोरी के आरोप बा

टेक्नोलॉजी दुनिया पे हावी बा आ एकर बड़हन श्रेय ओपनएआई के चैटबॉट चैटजीपीटी के जाला। माइक्रोसॉफ्ट के सह-संस्थापक बिल गेट्स चैटजीपीटी के 40 साल में सबसे क्रांतिकारी तकनीक बतवले बाड़े। एह तकनीक के दुनिया भर में लोकप्रियता बढ़ रहल बा, लेकिन एह बीच एआई टेक के एगो बड़ झटका लागल बा। दरअसल इटली में पिछला बियफे के दिने कथित तौर पे चैटजीपीटी पे रोक लगा दिहल गइल रहे | बता दीं कि चैटजीपीटी के अइला के बाद पहिला बेर कवनो सरकार कवनो आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस टूल के ब्लॉक कइले बिया |

 

न्यूयार्क टाइम्स के एगो रिपोर्ट के मुताबिक इटली के डाटा प्रोटेक्शन अथॉरिटी चैटजीपीटी बनावे वाली कंपनी ओपनएआई पे आरोप लगवले बा कि उ अपना यूजर से डेटा चोरा लेलस। एकरा अलावे इटली के प्राधिकरण के कहनाम बा कि चैटजीपीटी में कवनो उम्र सत्यापन प्रणाली नईखे जवना से नाबालिग के अवैध सामग्री के संपर्क में आवे से रोकल जा सके।

एकरा संगे इटली गोपनीयता के चिंता के चलते चैटजीपीटी पे रोक लगावे वाला पहिला देश बन गईल बा, जबकि चीन, रूस, उत्तर कोरिया अउरी ईरान में ओपनएआई जानबूझ के एकरा तक पहुंच ना देवे के फैसला कईले बा।

 

सैम ऑल्टमैन इटली जइहें

प्रतिबंध के बाद चैटजीपीटी के संस्थापक सैम ऑल्टमैन कहले कि इटली उनुकर पसंदीदा देश में से एगो ह। इटली में चैटजीपीटी सेवा बंद क दिहल गइल बा| हालांकि हमनी के लागता कि हमनी के सभ गोपनीयता कानून के पालन करतानी। इटली हमार पसंदीदा देशन में से एगो ह आ हम जल्दिए फेर से ओहिजा जाए के बेसब्री से इंतजार करत बानी!

 

चैटजीपीटी तक एक्सेस पहुंच के रोके के कहल गईल

न्यूयॉर्क टाइम्स के रिपोर्ट में उल्लेख बा कि इटली के नियामक ओपनएआई से कहले बाड़े कि देश के इंटरनेट यूजर के चैटजीपीटी तक एक्सेस पहुंचे से रोके। देश में एह तकनीक के भविष्य के बारे में अंतिम फैसला लेवे से पहिले ओपनएआई के एजेंसी के सामग्री अउरी संभावित उपाय देवे खातीर 20 दिन के समय दिहल गईल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.