Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Twitter यूजर्स ध्यान दें! फ्री के सर्विस खत्म, 1 अप्रिल से हटी सारा Blue Tick, एलन मस्क के नया फैसला

2,399

Twitter Blue Tick: Twitter (ट्विटर) यूजर बानी आ राउर अकाउंट पs ब्लू टिक बा, बाकिर रउआ जदि ओह लोगन में सामिल बानी जे ब्लू टिक खातिर कवनो पईसा ना देला आ  ट्विटर के एह सर्विस के फ्री में फायदा उठा रहल बानी तs अब आउर ना। जी हs, सोशल मीडिया प्लैटफॉर्म ट्विटर के मालिक एलन मस्क (Elon Musk) एगो आउर नया फैसला ले लेले बाड़ें। जदि रउआ आप फ्री ब्लू टिक यूजर बानी तs 1 अप्रिल से राउर ब्लू टिक हट जाई। सुक (24 मार्च 2023) के माइक्रोब्लॉगिंग वेबसाइट ऐलान कइलस कि 1 अप्रैल 2023 से ओह सब यूजर्स के ब्लू टिक हट जाई जे पेड वेरिफिकेशन सर्विस माने ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन (Twitter Blue Subscription) नइखे लेले।

अइसन लागत बा कि एलन मस्क के मालिकाना हक वाला ट्विटर ई फैसला Twitter Blue Subscription प्रोग्राम के एक्सपेंड करे के इरादा से लेले बा। अब ट्विटर, इंडिविजुअल यूजर्स आ ऑर्गनाइज़ेशन्स से वेरिफिकेशन बैज बरकरार रखे के खातिर आपन फ्लैगशिप प्रोग्राम माने ट्विटर ब्लू में साइन अप करे खातिर लिए कह रहल बा। कंपनी के इरादा सब्सक्रिप्शन प्रोग्राम के माध्यम से कम से कम आधा रेवेन्यू जेनरेट करे के बा।

1 अप्रिल से फ्री ब्लू टिक के बाय-बाय

कंपनी एगो ट्वीट कs के बतवलस, ‘1 अप्रिल से हमनी के आपन लेगेसी वेरिफाइड प्रोग्राम के बंद कर रहल बानी सs आ फ्री वेरिफाइड चेकमार्क्स के हटा रहल बानी सs। ट्विटर पs अपना ब्लू चेकमार्क के रखे खातिर, यूजर्स Twitter Blue के साइनअप कs सकत बा लो।’ एह ट्वीट के संगे कंपनी अपना प्रीमियम प्रोग्राम के लिंक सब्सक्राइब करे खातिर शेयर कइलस।

बता दीं कि ट्विटर ब्लू प्रोग्राम के तहत iOs आ ऐंड्रॉयड यूजर्स के 900 रुपिया देवे के होला। एकरा संगही यूजर्स के ब्लू टिक मार्क मिल जाई, जवन सुरुआत में खाली जानल-मानल हस्तियन खातिर रिजर्व रहे। ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन खातिर वेब यूजर्स के 650 रुपिया देवे के होला। अमेरिका में iOS यूजर्स के एह प्रोग्राम खातिर 11 डॉलर आ ऐंड्रॉयड यूजर्स के 8 डॉलर चार्ज कइल जाला।

ट्विटर ब्लू पेड सब्सक्रिप्शन के 2022 में ओह समय रिलीज कइल गइल रहे जब अरबपति कारोबारी एलन मस्क ट्विटर के बागडोर अपना हाथन में लेले रहस। एकरा पहिले ट्विटर वेरिफिकेशन खाली राजनेतन, मशहूर हस्तियन, पत्रकारन आ जानल-मानल लोगन खातिर उपलब्ध रहे। बाकिर एह सब्सक्रिप्शन प्रोग्राम के संगे अब केहूओ ट्विटर पs वेरिफिकेशन बैज पा सकत बा।

का हs Twitter Blue Subscription

ट्विटर ब्लू सर्विस में यूजर्स 4000 अक्षरन तक के ट्वीट कs सकत बा लो। एकरा अलावे ओह लोगन के कन्वर्सेशन में प्रायोरिटी रैंकिंग दिहल जाला। ब्लू सब्सक्राइबर्स के ट्विटर कम विज्ञापन दिखावेला आ ई यूजर्स लमहर समय तक के वीडियो पोस्ट कs सकत बा लो।

491960cookie-checkTwitter यूजर्स ध्यान दें! फ्री के सर्विस खत्म, 1 अप्रिल से हटी सारा Blue Tick, एलन मस्क के नया फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.