Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी में बा एशिया के सबसे बड़ यूनिवर्सिटी, हार्वर्ड-ऑक्सफोर्ड भी फेल

318
Google Ads 300*250 for posts

 

 

 

अमेरिका के ऑक्सफोर्ड विश्वविद्यालयो यूपी के सबसे बड़ विश्वविद्यालय के मुक़ाबले फीका पड़ गईल बा। एह विश्वविद्यालय के अंग्रेजी आ हिंदी में भी दू गो अलग-अलग नाम बा। उत्तर प्रदेश के सबसे बड़ विश्वविद्यालय के नाम बीएचयू यानी बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय हs। एकरा के काशी हिन्दू विश्वविद्यालय भी कहल जाला। बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के स्थापना साल 1916 में पंडित मदन मोहन मालवीय द्वारा कइल गइल रहे। इहाँ के भवन इंडो गोथिक वास्तुकला के बेहतरीन उदाहरण पेश करेला।

बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय लगभग 1300 एकड़ यानी 5.3 किलोमीटर में फइलल बा। हर साल 30 हजार से अधिका बच्चा इहाँ से पास हो के निकले ले।  यूपी के एह विश्वविद्यालय में पढ़े वाला छात्रन खातिर एगो बड़हन हॉस्टल भी बनावल गइल बा जवन बाकी विश्वविद्यालयन से बहुते बड़ बा. बनारस विश्वविद्यालय के स्थापना के श्रेय पंडित मदन मोहन मालवीया के मिलेला। ई जमीन उनका विश्वविद्यालय के निर्माण खातिर चंदा के रूप में मिलल रहे। कहल जाला कि बनारस के काशी के राजा मदन मोहन से कहले रहले कि एक दिन में जेतना जगह पैदल चल जइहें ऊ विश्वविद्यालय के दान में दिहल जाई. एकरा बाद मदन मोहन मालवीया पूरा दिन पैदल चलल। एह में बीएचयू के 11 गो गाँव, 70 हजार पेड़, 100 पक्का इनार, 20 गो कच्चा इनार, 860 गो कच्चा घर आ 40 गो पक्का घर वाला जगह मिलल।

इहे कारण बा कि बनारस विश्वविद्यालय के परिसर एतना बड़ हो गईल। एकरा संगे बनारस के काशी राजा बीएचयू के निर्माण खातीर मंदिर अवुरी धर्मशाला भी देले रहले।

 

 

 

 

 

 

 

951990cookie-checkयूपी में बा एशिया के सबसे बड़ यूनिवर्सिटी, हार्वर्ड-ऑक्सफोर्ड भी फेल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.