BHU प्रशासन वापस लेलस फैसला: प्रो.ओमशंकर रहिहें हृदय रोग विभाग में अध्यक्ष, 24 मई के जारी भइल रहे ई आदेश

Share

प्रो. ओम शंकर बतवले कि नियम के मोताबिक विभाग प्रमुख के पद के तीन साल के कार्यकाल 31 जुलाई के पूरा होखे वाला बा। हालांकि विश्वविद्यालय प्रशासन उनका के 55 दिन तक ए पद से मुक्त रखलस। अइसना में विभागाध्यक्ष पद के कार्यकाल अब 24 सितंबर के पूरा हो जाई। एकरा बारे में लिखित जानकारियो जल्दिए विश्वविद्यालय प्रशासन के दिहल जाई।

आईएमएस बीएचयू के कार्डियोलॉजी विभाग में प्रो.ओमशंकर के जगह पs प्रो. आखिरकार बीएचयू प्रशासन के विकास अग्रवाल के अध्यक्ष बनावे के फैसला वापस लेवे के पड़ल। दू चौथाई महीना (55 दिन बाद) के बाद 18 जुलाई के बीएचयू प्रशासनो आपन आदेश जारी कऽ देलस।

एमें बतावल जाता कि विभाग में प्रो. ओमशंकर अध्यक्ष बनल रहिहें। बीएचयू अस्पताल में सुपरस्पेशलिटी ब्लॉक के पूरा चउथा मंजिल आ पांचवा मंजिल के आधा हिस्सा कार्डियोलॉजी विभाग के आवंटित करे के मांग के बारे में प्रो. ओमशंकर 11 मई से 30 मई तक विभाग में अनशन पs बइठल रहलें।

खास बात ई बा कि अनशन के दौरानो प्रो. ओमशंकर प्रशासनिक जिम्मेवारी के निर्वहन के अलावा मरीज के काउंसलिंग आ जरूरी जांचो कइलें। एकरा संगे-संगे उऽ विभाग में अनशन पs बइठल कैथ लैब में सर्जरी करावे वाला मरीज के सर्जरी करेवाली टीम के मार्गदर्शनो कइले।

24 मई के विश्वविद्यालय प्रशासन एगो आदेश जारी कऽ के प्रो. ओमशंकर के अनुपलब्धता के हवाला देत प्रो. विकास अग्रवाल के अध्यक्ष पद के जिम्मेदारी दिहल गइल। एह आदेश के मोताबिक प्रो. ओमशंकर विश्वविद्यालय प्रशासन के चिट्ठी लिख के विभाग प्रमुख पद से हटावे के आदेश के गलत बतवले रहलें।

आपन आपत्ति जतावत उऽ एह फैसला के वापस लेबे के अपीलो कइलें। अब विश्वविद्यालय प्रशासन 18 जुलाई के आदेश जारी कऽ के 24 मई के आदेश वापस ले लेलस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-