बिहार शिक्षक भर्ती परीक्षा आज से….6 लाख अभ्यर्थी होई लो सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 19, 2024

बिहार में तीसरका चरण के शिक्षक भर्ती परीक्षा के आज से सुरुआत हो रहल बा। परीक्षा के आयोजन 19 से 22 जुलाई तक होई। 27 जिलन में 404 सेंटर बनावल गइल बा। अभ्यर्थियन पs नजर

Share

बिहार में तीसरका चरण के शिक्षक भर्ती परीक्षा के आज से सुरुआत हो रहल बा। परीक्षा के आयोजन 19 से 22 जुलाई तक होई। 27 जिलन में 404 सेंटर बनावल गइल बा। अभ्यर्थियन पs नजर रखे खातिर कुल 10 हजार सीसीटीवी कैमरा लगावल गइल बा। सब सेंटर पs 100 मीटर के दूरी में सबेरे नव बजे से दुपहरिया तीन बजे तक धारा-144 लागू रही। पटना में आज 26 केंद्रन पs परीक्षा होई।

19, 20 आ 21 जुलाई के एके शिफ्ट में परीक्षा होई। पहिला शिफ्ट के परीक्षा दुपहरिया 12:00 से लेले 2:30 बजे तक होई। ओहिजा, 22 जुलाई के दु शिफ्ट में एग्जाम लिहल जाई। एकर पहिला शिफ्ट के परीक्षा सबेरे 9:30 बजे से लेके दुपहरिया 12 बजे तक आ दूसरका शिफ्ट के परीक्षा दोपहर 2:30 बजे से लेके सांझ 5 बजे तक आयोजित कइल जाई। 87 हजार 774 पदन पs नियुक्ति खातिर लगभग छव लाख अभ्यर्थी आवेदन कइले बा लो।

आज एह विषयन के होई परीक्षा

आज पहिला दिने कक्षा छाव से आठ तक खातिर गणित आ विज्ञान, सामाजिक विज्ञान, हिंदी, अंग्रेजी, संस्कृत आउर उर्दू के परीक्षा होई। जेमे करीब 2.30 लाख अभ्यर्थी आज परीक्षा दी लो। चारों दिन मिलाके परीक्षा में लगभग छव लाख के करीब अभ्यर्थी सामिल होई लो। ओहिजा, 20 जुलाई के प्राथमिक, 21 के माध्यमिक आ 22 जुलाई के उच्च माध्यमिक के रिक्त पदन खातिर परीक्षा होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.