Bhiwadi Explosion : राजस्थान के भिवाड़ी में केमिकल फैक्ट्री में जोरदार धमाका, भीषण आग में 8 मजदूर जिंदा जल गइलें

Share

नई दिल्ली। राजस्थान के भिवाड़ी के एगो केमिकल फैक्ट्री में जोरदार धमाका भइल आ ओकरा बाद भीषण आग लाग गइल। एह हादसा में आठ मजदूर जिंदा जर गइल लोग आ कइयन गाे मजदूर अभियो अंदर फंसल बा लोग।

ई घटना खुसखेड़ा औद्योगिक क्षेत्र के प्लॉट संख्या G1-118 में सोमार के सबरे भइल। धमाका के बाद फैक्ट्री परिसर में अफरा-तफरी मच गइल। दमकलकर्मी लोग घंटन के मशक्कत कइला के बाद सातो शव बाहर निकालल, जबकि दुगो मजदूरन के अभियो अंदर फंसल होखला के आशंका बा।

करीब 25 मजदूर काम करत रहे लोग

सूचना के अनुसार, घटना के समय फैक्ट्री में करीब 25 मजदूर मवजूद रहलें। आग अइसन तेजी से फइलल कि कइयन लोग बाहर निकल ना सकल। घटना के खबर मिलतही प्रशांत किरण (एसपी, भिवाड़ी) आ सुमिता मिश्रा (एडीएम) सहित पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारी तुरंत मवका पs पहुंच के राहत-बचाव कार्य के निगरानी कइलें।

आग पs काबू पावल गइल

भिवाड़ी, खुसखेड़ा आ आसपास के इलाकन से आइल दमकल के कइयन गाड़ी घंटन के मेहनत के बाद आग पs काबू पइलस। प्रशासन फैक्ट्री में सुरक्षा इंतजाम के जांच के आदेस देले बा। आग लगला के कारण अभियो पता नइखे चलल। इलाका में एहतियातन भारी पुलिस बल तैनात बा।

Read Also: Baloch Liberation Army : बलूच लिबरेशन आर्मी 7 पाकिस्तानी फौजियन के अगवा कइलस, इस्लामाबाद के सात दिन के अल्टीमेटम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-