एक बेर नाहीं आठ बेर ट्रैक्टर से युवक के कपार कुचलल गईल, जमीन विवाद में भइल अइसन हत्या कि करेज कांप जाइ

Share

 

राजस्थान के भरतपुर के बयाना इलाका से एगो दिल दहला देवे वाला मामिला सोझा आईल बा। इहाँ जमीन के विवाद में एगो युवक के ट्रैक्टर से बेरहमी से कुचल के हत्या कs दिहल गईल। एह विवाद में बहादुर पक्ष के एगो आदमी ट्रैक्टर लेके विवादित जमीन पs पहुंचल। अतर सिंह पक्ष के लोग भी मौका पs उहाँ पहुंचे।जब विवाद बढ़ल तs अतर सिंह के ओर के युवक निरपत ट्रैक्टर के रोके खातीर जमीन पs लेट गईले। लेकिन बेरहम ट्रैक्टर चालक आरोपी युवक निरपत पs ट्रैक्टर चढ़ा देलस।

युवक ट्रैक्टर रोके खातिर लेट गईल

असल में भरतपुर जिला के बयाना के सदर थाना क्षेत्र के गांव अड्डा में बहादुर आ अतर सिंह गुर्जर पार्टी के बीच बहुत दिन से जमीन के विवाद चलत रहे। करीब चार दिन पहिले सदर थाना में दुनो पक्ष एक दूसरा के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले रहे, लेकिन बुधवार के सबेरे एक बेर फेर दुनो पक्ष के लोग एक बेर फेर से एकही विवाद के लेके आमने-सामने हो गईले। एह विवाद में बहादुर पक्ष के एगो आदमी ट्रैक्टर लेके विवादित जमीन पs पहुंचल। अतर सिंह पक्ष के लोग भी मौका पs उहाँ पहुंचे।जब विवाद बढ़ल तs अतर सिंह के ओर के युवक निरपत ट्रैक्टर के रोके खातीर जमीन पs लेट गईले। लेकिन बेरहम ट्रैक्टर चालक आरोपी युवक निरपत पs ट्रैक्टर चढ़ा देलस।

दम तुड़ले ले ट्रैक्टर से कुचलल गइल

एकरा बाद आरोपी युवक पs ट्रैक्टर के बेर-बेर चढ़वलस। जब तक युवक के मउत ना हो गईल तब तक उ अयीसन कईलस। संगही निरपत के परिवार के लोग उनुका के बचावे के पूरा कोशिश कइले। एगो बुढ़ आदमी बार-बार ट्रैक्टर के सोझा आके निरपत के खींचे के कोशिश कइले लेकिन उ सफल ना हो पावल।

हत्या के बाद आरोपी फरार 

ए मामिला पs सदर थाना के एसएचओ जयप्रकाश परमार कहले कि अड्डा गांव के बहादुर गुर्जर अवुरी अतर सिंह गुर्जर पार्टी के बीच जमीन के लेके बहुत दिन से विवाद चलता। एह विवाद के बारे में बुध के सबेरे करीब आठ बजे फेरू दुनु पक्ष आमने सामने आ गइल। दुनो पक्ष एक दूसरा पs लाठी अवुरी पत्थरबाजी कईले। झगड़ा के दौरान 35 साल के निरपत गुर्जर जमीन पs गिर गईले अवुरी बहादुर पक्ष के एगो आदमी बार-बार उनुका पs ट्रैक्टर चलावत रहे, जवना के बाद उनुकर मउत हो गईल। कुछ लोग के पुलिस हिरासत में लेले बिया अवुरी फिलहाल आरोपी फरार बाड़े।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-