Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur: पत्नी के अवैध संबंध में जुवक फंदा से लटकके देलस जान, 15 दिन पहिलही जेल से आइल रहे छूटके 

मृतक के तीन साल पहिले बियाह भइल रहे आ दु साल के एगो बेटी बिया। बतावल जा रहल बा कि गांव के एगो जुवक से पत्नी के अवैध संबंध बा आ पत्नी छह महीबा से मायके में बिया। पत्नी के अवैध संबंध के लेके मृतक अवसाद में चलत रहे।

446

गुलरिहा इलाके के बनगाई टोला बंजरहा में सोमार के दुपहरिया एगो जुवक कपड़ा के रस्सी के फंदा बनाके छत के कुंडी से लटकके आत्महत्या कs लेलस। सोमार के सांझ पिता डायल 112 पs सूचना देलस। गुलरिहा पुलिस पहुंचल शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। जुवक के आत्महत्या के करे के वजह बीतल कुछ महीनन से पत्नी के अवैध संबंध के लेके विवाद बतावल जा रहल बा।

मिलल जानकारी के अनुसार, बनगाई टोला बंजरहा निवासी जितेन्द्र कुमार निषाद (25 वर्ष) पुत्र गरुण निषाद मजदूरी कs के जीवन यापन करत रहे। सोमार के सबेरे जितेंद्र के पिता मजदूरी करे आ माई बकरी चरावे चल गइल रहली, देर सांझ जब माई–बाप घरे लवटल रहे लो तs घर के कमरा अंदर से बंद मिलल। जवना पs जुवक के पिता खिड़की से अंदर देखले तs जितेंद्र छत के कुंडी से लटकल मिलल। डायल 112 पर दिहल गइल सूचना के बाद पहुंचल गुलरिहा पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस

मृतक के तीन साल पहिले बियाह भइल रहे आ दु साल के एगो बेटी बिया। बतावल जा रहल बा कि गांवही के एगो जुवक से पत्नी के अवैध संबंध बा आ पत्नी छव महीना से मायका में बिया। जवना के लेके पत्नी के प्रेमी से मारपीट में दु महीना पहिले हत्या के प्रयास के केस में जेल गइला के बाद 15 दिन पहिले  ऊ जेल से छूटकर आइल रहे। पत्नी के अवैध संबंध के लेके अवसाद में चलत रहे।

668690cookie-checkGorakhpur: पत्नी के अवैध संबंध में जुवक फंदा से लटकके देलस जान, 15 दिन पहिलही जेल से आइल रहे छूटके 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.