भारत जोड़ो यात्रा: राहुल के मौजूदगी में राष्ट्रगीत के जगह बाजल गलत गाना, ट्रोल्स के निशाना पर अइलें कांग्रेस नेता

कुमार आशू
महाराष्ट्र के वासिम में बुध के राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के एगो कार्यक्रम में राष्ट्रगीत के बजाय एगो गलत गाना बजले के वीडियो वायरल हो गइल। एह गलती खातिर भाजपा नेता लोग राहुल गांधी अउर कांग्रेस के जिम्मेदार ठहरवलें। महाराष्ट्र के भाजपा नेता नितेश राणे एह घटना के एगो वीडियो भी साझा कइले बानें अउर ट्वीट कइलें कि राहुल के कॉमेडी सर्कस। तमिलनाडु के भाजपा नेता अमर प्रसाद रेड्डी भी उहवें वीडियो शेयर कs के लिखलें कि राहुल गांधी, ई का ह?

जानीं का बा मामला?

दरअसल, महाराष्ट्र के वासिम में भारत जोड़ो यात्रा के दौरान राहुल गांधी अउर कुछ कांग्रेस नेता एक मंच पर लोग के संबोधित करत रहनें। एही दौरान राहुल गांधी बगल में ठाढ़ नेता लोग से राष्ट्रगीत बजावे खातिर कहनें लेकिन गलती से कुछ अउर गाना बाजे लागल। लगभग पांच सेकेंड ले त राहुल गांधी सावधान मुद्रा में ठाढ़ रहनें लेकिन फिर उनके जइसही एहसास भइल कि गलत गाना बज रहल बा त फौरन ऊ नेता के रोक दिहलें अउर राष्ट्रगीत बजावे के कहने। हालांकि, राहुल के कहने के बावजूद भी कुछ नेता उनकर बात के नाइ समझ पा रहल बानें।

इहां देखीं वीडियो…

Share This Article