Gorakhpur News: गोरखपुर में बिके लागल भारत आटा, 27.50 रुपिया किलो के दर से मिली आटा

Minee Upadhyay

गोरखपुर समाचार : लोकसभा चुनाव से पहिले केंद्र सरकार जनता के सस्ता आटा उपलब्ध करावे के इंतजाम कईले बिया। भारत आटा के नाम से गरीबन के दिहल जाए वाला आटा के बिक्री गोरखपुर में 16 जनवरी से शुरू हो गइल बा। आटा 27.50 रुपिया प्रति किलो के दर से बिक रहल बा। एक आदमी के एक बेर में 20 किलो से जादा आटा ना मिली। गोरखपुर के गैलेंट आटा मिल के भारत आटा के सप्लाई आ पैकेजिंग के जिम्मेवारी मिल गइल बा।

भारत आटा के शुभारंभ केंद्र सरकार के ओर से पछिला साल ही भईल बा। अब एकरा बिक्री के इंतजाम हो रहल बा। गैलेंट ग्रुप के ओर से दिहल जा रहल भारत आटा के विमोचन सांसद रवि किशन अवुरी गैलेंट ग्रुप के प्रबंध निदेशक चंद्र प्रकाश अग्रवाल के मौजूदगी में भईल। गैलेंट ग्रुप के जनसंपर्क अधिकारी दीपक शर्मा बतवले कि भारत आटा 10 किलो के पैकेट में उपलब्ध होई। एकरा के दर्जन भर जगह से बिकाई। आटा के बिक्री खातिर दू गो मोबाइल बैन भी तइयार कइल गइल बा। जवन गाँव गाँव जाके जरूरतमंद लोग के आटा उपलब्ध करावेला। गैलेंट ग्रुप के आटा भारतीय खाद्य निगम के ओर से सस्ता दर में उपलब्ध करावल जा रहल बा। गैलेंट ग्रुप के एकर बिक्री, पैकेजिंग आदि के इंतजाम करे के बा।

एह तरह से रउरा भारत आटा खरीदे में सक्षम होखब

भारत आटा खरीदे खातिर कवनो मोबाइल वैन भा दुकान पs जाए के पड़ी। उहाँ रउरा आपन राशन कार्ड देखावे के पड़ी। राशन कार्ड देखवला के बाद आटा खरीदल जा सकेला। भारत आटा के बिक्री बढ़ावे खातीर केंद्र सरकार 800 से जादे मोबाइल वैन अवुरी 2,000 से जादे दोकान के इस्तेमाल कईले बिया। एह पहल के मकसद ई सुनिश्चित कइल बा कि आबादी के एगो बड़हन हिस्सा सस्ता दाम पs एह कर लाभ उठा सके।

बाजार में आटा 34 से 45 रुपिया प्रति किलो के भाव में बिक रहल बा

बाजार में आटा 34 से 45 रुपिया प्रति किलो के भाव में बिक रहल बा। अलग-अलग ब्रांड के आटा के दाम अलग-अलग होखेला। चैंबर ऑफ कॉमर्स के अध्यक्ष संजय सिंधानिया के कहल बा कि महंगाई पs लगाम लगावे खातिर सस्ता आटा के योजना बढ़िया बा। बाजार में पैक आटा थोक में 30 से 39 रुपिया प्रति किलो के भाव में बेचल जा रहल बा। एकरा संगे-संगे खुदरा बाजार में आटा 34 से 45 रुपिया प्रति किलो के दर से बेचल जाता।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।