Gorakhpur News: चिलमापुर में 12 दिन से सड़क पs नाली के पानी, लोग परेशान

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 9, 2024

चिलमापुर के वार्ड नम्बर 70 में पछिला 12 दिन से सड़क गंदा पानी से भरल बा। लोग मेयर, पार्षद आ नगर आयुक्त के फोन कs के जानकारी देले, लेकिन समस्या के समाधान ना हो पावल।

Share

चिलमापुर के वार्ड नम्बर 70 में पछिला 12 दिन से सड़क गंदा पानी से भरल बा। लोग मेयर, पार्षद आ नगर आयुक्त के फोन कs के जानकारी देले, लेकिन समस्या के समाधान ना हो पावल। अइसना में लोग गंदा नाली के पानी से गुजरे खातिर मजबूर हो गइले।

जामिया रजविया मेराजुल उलूम मदरसा चिलमापुर में संचालित होला। इहाँ पढ़े वाला विद्यार्थियन के भी पानी से भरल एह राह से गुजरे के पड़ेला। मदरसा के प्रधानाध्यापक कहले कि ए समस्या के संबंध में नगर आयुक्त अवुरी मेयर के ज्ञापन दिहल गईल बा, लेकिन अबे ले एकर कवनो समाधान नईखे मिलल।

इलाका के डॉ. सरफराज अहमद, बाल गोविंद अवुरी आसिफ अहमद बतवले कि एs गली के लोग ए समस्या से बहुत परेशान बाड़े। नगर आयुक्त के फोन से सूचना दिहल गईल बा। एकरा अलावे वीडियो भेजल गईल बा। स्थानीय पार्षद के भी शिकायत भईल बा, लेकिन अबे ले मामिला के सुनवाई नईखे भईल।

भरवलिया के पास नाली निर्माण के काम चल रहल बा। एकरा चलते नाली बंद कs के काम हो रहल बा। चिलमापुर के ओर से नाली खोल के धीरे-धीरे काम शुरू हो रहल बा। समस्या जल्दिए खतम हो जाई।

वार्ड में मौजूद सभ लोग के सुविधा खातीर नाला के सुधार कईल जाता। मंगल से नाली खोलला के बाद दूसरा ओर काम शुरू हो जाई। गली के निचला स्तर के चलते उहाँ के पानी दोसरा नाली में नईखे जा पावत। नाला निर्माण पूरा होखला के बाद पूरा वार्ड के समस्या खतम हो जाई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.